ओरंग नेशनल पार्क

विकिपीडिया से
ओरंग नेशनल पार्क
भारतीय गैंडा इहाँ के पहिचान हवे
Map showing the location of ओरंग नेशनल पार्क
Map showing the location of ओरंग नेशनल पार्क
लोकेशनUdalguri and Sonitpur district, Assam, India
भूगोलीय निर्देशांक26°33′25″N 92°19′40″E / 26.5568148°N 92.3279016°E / 26.5568148; 92.3279016निर्देशांक: 26°33′25″N 92°19′40″E / 26.5568148°N 92.3279016°E / 26.5568148; 92.3279016
रकबा78.81 किमी2 (30.43 वर्ग मील)
स्थापना1985
गवर्निग बॉडीभारत सरकार, आसाम सरकार

ओरंग नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Orang National Park) चाहे ओरांग नेशनल पार्क भारतीय राज्य आसाम में ब्रह्मपुत्र नदी के उत्तरी तीरे पे एगो नेशनल पार्क बा। ई संरक्षित इलाका आसाम के दरंगशोणितपुर जिला में पड़े ला। एकर कुल रकबा 79.28 किमी2 (30.61 वर्ग मील) बाटे। संरक्षित इलाका के रूप में एकरा के 1985 में बनजीव बिहार (सैंक्चुअरी) घोषित कइल गइल आ 13 अप्रैल 1999 के नेशनल पार्क के दर्जा दिहल गइल। एहिजे कई किसिम के जियाजंतु आ चिरई देखल जा सके लीं। मुख्य रूप से ई भारतीय गैंडा, एशियाई हाथी, शेर (बंगाल टाइगर) आ हिरन (पाढ़ा) आ जंगली भँइस सभ खातिर जानल जाला। ब्रह्मपुत्र में गंगा सूंस (डॉल्फिन) भे देखल जा सकें लीं।[1]

संरक्षित क्षेत्र बने से पहिले ई शिकार करे वाला इलाका रहल आ सैन्चुअरी के नाँव राजीव गांधी ओरंग नेशनल पार्क रखल गइल।[2] एकरा के 'मिनी काजीरंगा कहल' जाला आ ई कई किसिम के मछरी सभ के ब्रीडिंग सेंटरो हवे।[3][1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Rajiv Gandhi Orang National Park". Department of Environment & Forests Government of Assam. Archived from the original on 2010-12-06. Retrieved 2009-11-09.
  2. स्टाफ, द वायर (5 सितंबर 2021). "नॉर्थ ईस्ट डायरी: असम के राष्ट्रीय उद्यान से हटाया गया राजीव गांधी का नाम, कांग्रेस की आपत्ति". The Wire - Hindi. Retrieved 15 मार्च 2022.
  3. "Orang National Park, Assam India". kaziranganationalpark. Retrieved 15 मार्च 2022.