दुधवा नेशनल पार्क
दुधवा नेशनल पार्क | |
---|---|
Dudhwa Tiger Reserve | |
आइ॰यू॰सी॰एन॰ श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
![]() Forest in Dudhwa National Park | |
लोकेशन | Lakhimpur Kheri, Uttar Pradesh, India |
नजदीकी शहर | Palia Kalan |
भूगोलीय निर्देशांक | 28°30.5′N 80°40.8′E / 28.5083°N 80.6800°Eनिर्देशांक: 28°30.5′N 80°40.8′E / 28.5083°N 80.6800°E |
रकबा | 490.3 |
स्थापना | 1977 |
uptourism |
दुधवा नेशनल पार्क (अंगरेजी: Dudhwa National Park; हिंदी: दुधवा राष्ट्रीय उद्यान) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के तराई बेल्ट में एगो नेशनल पार्क बाटे। ई नेशनल पार्क कुल 490.3 किमी2 (189.3 वर्ग मील) रकबा पर फइलल बाटे आ एकर बफर जोन 190 किमी2 (73 वर्ग मील) बाटे। ई उत्तर प्रदेश के आ लखीमपुर खीरी जिला में पड़े ला आ दुधवा टाइगर रिजर्व के हिस्सा हवे।[1] पार्क के लोकेशन भारत-नेपाल सीमा के लगे बाटे आ एकरे उत्तर आ दक्खिन ओर रिजर्व फॉरेस्ट के बफर जोन बाड़ें। ई तराई के इकोसिस्टम के प्रतिनिधित्व करे वाला इलाका आ प्रोटेक्टेड एरिया हवे जहाँ कई किसिम के खतरा में घोषित (एन्डेंजर्ड) प्रजाति सभ निवास करे लीं; ई लमहर घासभूमि वाला इकोसिस्टम हवे आ एह तरह के इकोसिस्टम के प्रजाति सभ खातिर महत्त्व के क्षेत्र हवे।[2]
इतिहास[संपादन करीं]
एह एरिया के 1958 में बारहसिंगा (स्वैम्प डीयर) खातिर वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी (बनजीव बिहार) के रूप में अस्थापित कइल गइल रहे। बिली अर्जन सिंह के परयास के बाद एकरा के 1977 में नेशनल पार्क बनावल गइल। 1987 में एह नेशनल पार्क के प्रोजेक्ट टाइगर के तहत ले आइल गइल आ एकरा के आ बगले में मौजूद किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंचुरी आ कतरनिया घाट वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी के एकट्ठा क के दुधवा टाइगर रिजर्व बना दिहल गइल।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ Mathur, P. K.; Midha, N. (2008). Mapping of National Parks and Wildlife Sanctuaries, Dudhwa Tiger Reserve. NNRMS - MoEF Project, Final Technical Report (PDF) (Report). Dehradun: Wildlife Institute of India. Archived 12 April 2015वेबैक मशीन पर .
- ↑ Kumar, S. (2009). Retrieval of forest parameters from Envisat ASAR data for biomass inventory in Dudhwa National Park, U.P., India (PDF). Indian Institute of Remote Sensing and International Institute for Geo-information Science and Earth Observation.
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
- दुधवा राष्ट्रीय उद्यान, लखीमपुर खीरी जिला के वेबसाइट kheri.nic.in पर
- दुधवा नेशनल पार्क, उत्तर प्रदेश पर्यटन, uptourism.gov.in पर