नेशनल पार्क

विकिपीडिया से
(राष्ट्रीय पार्क से अनुप्रेषित)
Bogd Khan Uul National Park in Mongolia is one of the earliest preserved areas now called a national park.
National parks often allow protected species to flourish. Pictured are Alpine ibexes (Capra ibex) in the Gran Paradiso National Park, Piedmont, Italy. The Ibex population increased tenfold since the area was declared a national park in 1922.
Komodo National Park, East Nusa Tenggara, Indonesia.

नेशनल पार्क (अंग्रेजी: national park) अइसन प्राकृतिक पार्क होला जे प्रकृति के संरक्षण (कंजर्वेशन) खातिर इस्तेमाल होखे ला आ नेशनल लेवल के सरकारन द्वारा सीमांकित आ सुरक्षित होखे ला। बहुधा ई प्राकृतिक, अर्ध-प्राकृतिक भा डेवलप कइल जमीन के हिस्सा होखे ला जेकरा के कौनों संप्रभु राष्ट्र संरक्षित आ सुरक्षित घोषित करे ला आ एकर मालिक होखे ला। अलग-अलग देसन में इनहन के घोषित करे के तरीका आ कानून अलग हो सके लें बाकी सभका में एगो कॉमन बात रहे ला: "बन वाली प्रकृति" (वाइल्ड नेचर) के बाद के पीढ़ी खातिर संरक्षण (कंजर्वेशन) आ एह काम के राष्ट्रिय गर्व के भावना के साथे कइल जाला।[1]

यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका में पहिला पार्क जे अस्थापित कइल गइल, "पब्लिक पार्क भा मनोबिनोद-के मैदान के रूप में लोगन के लाभ आ एंज्वायमेंट खातिर", ई यलोस्टोन नेशनल पार्क रहे 1872 में।[2] भले यलोस्टोन ऑफिशियल रूप से "नेशनल पार्क" के रूप में क़ानून द्वारा अस्थापित ना कइल गइल रहल, इस्तेमाल में हमेशा एही के पहिला आ सभसे पुरान नेशनल पार्क बतावल जाला।[3] हालांकि, टोबागो मेन रिज फॉरेस्ट रिजर्व (जे अब त्रिनिदाद आ टोबैगो में बा; अस्थापित 1776),[4]बोग्द खान उल्ल माउंटेन (मंगोलिया, 1778) पर खेतीबारी पर कानूनी रोक लागू कइल गइल रहे, इनहन के सभसे पुरान सुरक्षित (प्रोटेक्टेड) एरिया मानल जाला।[5][6]

एगो इंटरनेशनल संस्था, अंतर्राष्ट्रीय प्रकृति संरक्षण संघ (आईयूसीएन) आ वल्ड कमीशन ऑन प्रोटेक्टेड एरियास (डब्लूसीपीए) मिल के "नेशनल पार्क" सभ के कटेगरी II के प्रोटेक्टेड एरिया घोषित करे लें।[7] आईयूसीएन के मोताबिक साल 2006 में कुल 6,555 नेशनल पार्क के पैमाना पर सही उतरे वाला जगह दुनिया भर में रहलें।[8] आईयूसीएन अभिन ले नेशनल पार्क घोषित करे के पैरामीटर सभ के बारे में चर्चा आ बातचीत क रहल बाटे।

नेशनल पार्क सभ लगभग हमेशा आवाजाही खातिर खुला रहे लें।[9]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Europarc Federation (eds.) 2009, Living Parks, 100 Years of National Parks in Europe, Oekom Verlag, München
  2. "Evolution of the Conservation Movement, 1850-1920". memory.loc.gov. Archived from the original on 23 January 2017.
  3. Report of the Superintendent of Yellowstone National Park for the Year 1872 Archived 3 अप्रैल 2016 at the Wayback Machine, 43rd Congress, 3rd Session, ex. doc. 35, quoting Department of Interior letter of 10 May 1872, "The reservation so set apart is to be known as the "Yellowstone National Park"."
  4. "Tobago Main Ridge Forest Reserve". UNESCO. 17 August 2011. Retrieved 13 August 2018.
  5. Hardy, U. (9 April 2017). "The 10 Oldest National Parks in the World". The CultureTrip. Retrieved 21 December 2017.
  6. Bonnett, A. (2016). The Geography of Nostalgia: Global and Local Perspectives on Modernity and Loss. Routledge. p. 68. ISBN 978-1-315-88297-0.
  7. "Category II: National Park". IUCN. 5 February 2016.
  8. "History of the National Parks". Association of National Park Authorities. Archived from the original on 21 अप्रैल 2013. Retrieved 12 नवंबर 2012.
  9. Gissibl, B., S. Höhler and P. Kupper, 2012, Civilizing Nature, National Parks in Global Historical Perspective, Berghahn, Oxford

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]