प्रोटेक्टेड एरिया

विकिपीडिया से

प्रोटेक्टेड एरिया (अंग्रेजी: protected areas) चाहे कंजर्वेशन एरिया (अंग्रेजी: conservation areas) अइसन भूगोलीय लोकेशन चाहे क्षेत्र होखे लें जिनहन के उनहन के जानल-मानल प्राकृतिक, इकोलॉजिकल भा सांस्कृतिक कीमत के चलते सुरक्षा आ संरक्षण दिहल गइल होखे ला। हिंदी में इनहन के रक्षित क्षेत्र भा संरक्षित क्षेत्र कहल जाला। कई किसिम के प्रोटेक्टेड एरिया होखे लें जिनहन में सुरक्षा आ संरक्षण के स्तर के आधारं आ नेशनल भा इंटरनेशनल भागीदारी नियर चीजन से इनहन के प्रकार तय होखे ला। अलग-अलग देसन में कानूनी रेगुलेशन अलग हो सके ला।

आसान भाषा में संरक्षित क्षेत्र अइसन एरिया होखे लें जहाँ मनुष्य के मौजूदगी आ कामकाज, संसाधन के दोहन (जलावन के लकड़ी, गैर-इमारती लकड़ी, पानी,... वगैरह) के कानूनी रूप से सीमित कइल गइल होखे ला।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Lele, Sharachchandra; Wilshusen, Peter; Brockington, Dan; Seidler, Reinmar; Bawa, Kamaljit (1 May 2010). "Beyond exclusion: alternative approaches to biodiversity conservation in the developing tropics". Current Opinion in Environmental Sustainability (अंग्रेजी में). 2 (1): 94–100. doi:10.1016/j.cosust.2010.03.006. ISSN 1877-3435.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]