भितरकनिका नेशनल पार्क
Appearance
Bhitarkanika National Park | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
![]() Sunrise at Bhitarkanika National Park | |
लोकेशन | Odisha, India |
नजदीकी शहर | Kendrapara, Rajkanika Chandbali |
भूगोलीय निर्देशांक | 20°45′N 87°0′E / 20.750°N 87.000°Eनिर्देशांक: 20°45′N 87°0′E / 20.750°N 87.000°E |
रकबा | 145 किमी2 (56 वर्ग मील) |
स्थापना | 16 सितंबर 1998 |
गवर्निग बॉडी | पर्यावरण आ बन मंत्रालय, भारत सरकार |
www |
भितरकनिका नेशनल पार्क भारत के उड़ीसा राज्य के उत्तरी पूरबी हिस्सा में समुंदर किनारे के इलाका में एगो नेशनल पार्क बा। ई पार्क भितरकनिका बनजीव अभयारण्य के कोर एरिया हवे आ एकर रकबा 145 किमी2 (56 वर्ग मील) बाटे जबकि एकरे चारो ओर फइलल अभयारण्य (सैंक्चुअरी) के रकबा 672 किमी2 (259 वर्ग मील) बाटे। एकरा के नेशनल पार्क के दर्जा 16 सितंबर 1998 के मिलल आ 19 अगस्त 2002 के एकरा के यूनेस्को के रामसर स्थल में शामिल कइल गइल।
इहाँ समुंद्री पानी के घड़ियाल (साल्टवाटर क्रोकोडाइल) प्रमुख आकर्षण हवे। एकरे अलावा अजगर, किंग कोबरा (गोहुअन) आ अउरी कई किसिम के रेप्टाइल देखे के मिले लें। बिबिध प्रकार के चिरई आ मैंग्रोव के बिभिन्न प्रजाति सभ इहाँ के खास चीज हईं।