राइमोना नेशनल पार्क

विकिपीडिया से
राइमोना नेशनल पार्क
रायमोना नेशनल पार्क
Western parts of Raimona National Park
Map showing the location of राइमोना नेशनल पार्क
Map showing the location of राइमोना नेशनल पार्क
Map showing the location of राइमोना नेशनल पार्क
Map showing the location of राइमोना नेशनल पार्क
लोकेशनसरलपाड़ा, कोकराझार जिला, आसाम
नजदीकी शहरकोकराझार
भूगोलीय निर्देशांक26°39′35″N 89°58′34″E / 26.65972°N 89.97611°E / 26.65972; 89.97611निर्देशांक: 26°39′35″N 89°58′34″E / 26.65972°N 89.97611°E / 26.65972; 89.97611
रकबा422 किमी2 (163 वर्ग मील)
बनल9 जून 2021
गवर्निग बॉडीआसाम सरकार

राइमोना नेशनल पार्क चाहे रायमोना नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Raimona National Park) भारतीय राज्य आसाम के एकदम पच्छिमी हिस्सा में उत्तर ओर मौजूद एगो नेशनल पार्क बाटे। ई नेशनल पार्क बोडोलैंड टेरिटरी के कोकराझार जिला के गोसाईंगंज आ कोकराझार सबडिवीजन में बा। एकरा के नेशनल पार्क के रूप में बनावे के घोषणा बिस्व पर्यावरण दिवस पर 5 जून 2021 के कइल गइल। मनास टाइगर रिजर्व के सभसे पच्छिमी बफर जोन के रूप में काम करे वाला रिपु रिजर्व फारेस्ट के हिस्सा में ई पार्क 422 किमी2 (163 वर्ग मील) के लगातार बन क्षेत्र में बिस्तार लिहले बाटे; ई पूरबी हिमालयन बायोडाइवर्सिटी हॉटस्पॉट के हिस्सा हवे।[1]

शुरुआत में एह जगह के रिपु-चिरांग वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी बनावे के बिचार रहल बाकी बाद में एकरा के नेशनल पार्क के रूप में बनावल गइल। 9 जून 2021 के, आसाम गैजेट में नोटिफिकेशन के बाद से ई आसाम के छठवाँ नेशनल पार्क बन गइल।[2]

एह नेशनल पार्क में एशियाई हाथी, गौर (इंडियन बिशन), आ सुनहरा लंगूर सभ के मजिगर आबादी बाटे। ई नेशनल पार्क चिरांग-रिपु एलिफैंट रिजर्व के भी हिस्सा बाटे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Assam: Raimona declared National Park on World Environment Day". assamtribune.com. The Assam Tribune. 5 जून 2021. Retrieved 5 जून 2021.
  2. "Raimona becomes Assam's sixth national park". thenewsmill.com. The News Mill. 5 June 2021. Retrieved 5 June 2021.