Jump to content

सुंदरबन नेशनल पार्क

विकिपीडिया से
Sunderbans National Park
Map
Interactive map of Sunderbans National Park
LocationSouth 24 Parganas, West Bengal, India
Nearest cityKolkata
Coordinates21°50′17″N 88°53′07″E / 21.8380°N 88.8852°E / 21.8380; 88.8852निर्देशांक: 21°50′17″N 88°53′07″E / 21.8380°N 88.8852°E / 21.8380; 88.8852
Area1330.10 sq. km.
Established1984; 42 years ago (1984)
Governing bodyGovernment of India

सुंदरबन नेशनल पार्क भारत के पश्चिम बंगाल में एगो नेशनल पार्क, बाघ रिजर्व आ बायोस्फीयर रिजर्व बा। ई गंगा डेल्टा पर सुंदरबन के हिस्सा हवे आ बांग्लादेश के सुंदरबन रिजर्व बन से सटल बा। ई बांग्लादेश के दक्खिन-पच्छिम में कोना पर पड़े ला। डेल्टा में घन रूप से मैंग्रोव जंगल बाड़ें, आ ई बंगाल बाघ खातिर सभसे बड़हन रिजर्व सभ में से एक हवे। इहाँ कई किसिम के चिरई, रेप्टाइल आ इन्वर्टीब्रेट प्रजाति सभ के भी निवास बा जेह में खारा पानी के मगरमच्छ सामिल बा। वर्तमान सुंदरबन नेशनल पार्क के 1973 में सुंदरबन टाइगर रिजर्व के कोर एरिया आ 1977 में वन्यजीव सैंक्चुअरी घोषित कइल गइल। 4 मई 1984 के एकरा के नेशनल पार्क घोषित कइल गइल। ई यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल हवे जे 1987 में दर्जा पवलस[1][2] आ 2019 से एकरा के रामसर साइट के रूप में चिन्हित कइल गइल बा [3] एकरा के 1989 से वर्ल्ड नेटवर्क ऑफ बायोस्फीयर रिजर्व (मैन एंड बायोस्फीयर रिजर्व) में दर्ज कइल गइल हवे।

सुंदरबन नेशनल पार्क 21° 432′ – 21° 55′ उत्तर अक्षांश के बीच आ 88° 42′ – 89° 04′ पूर्व देशांतर के बीच पड़े ला। एह पार्क के समुंद्र तल से औसत ऊँचाई 7.5 मीटर बा। ई पार्क 54 गो छोट टापू सभ से बनल बा आ गंगा नदी के कई गो डिस्ट्रीब्यूटरी एकरा के काटे लीं।

आवाजाही

[संपादन करीं]

हवाई : सुंदरबन नेशनल पार्क 140 पर स्थित बा किलोमीटर दूर नेताजी सुभाष चंद्र बोस अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा, जहाँ से दुनिया भर में अंतर्राष्ट्रीय उड़ान होखे लीं।

रेल : सुंदरबन नेशनल पार्क के नजदीकी रेलवे स्टेशन कैनिंग रेलवे स्टेशन बा जवन 29 पर स्थित बा सुंदरबन (यानी गोधखाली) के गेट वे से किमी दूर।

सड़क : कोलकाता से एह नेशनल पार्क ले में पश्चिम बंगाल के स्टेट हाइवे 3 से पहुंचल जा सकेला।

  1. ↑ "Sundarbans National Park". World Heritage: Unesco.org. Retrieved 2010-11-06.
  2. ↑ "Sundarbans National Park" (PDF). Unesco. Retrieved 2010-11-06.
  3. ↑ उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named "RSIS".

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]