गंगा के डेल्टा

विकिपीडिया से
गंगा डेल्टा
नदी डेल्टा
सैटेलाइट इमेज में गंगा डेल्टा, 2020
उपनाँव: सुंदरबन डेल्टा, बंगाल डेल्टा
देस भारत, बांग्लादेश
राज्य पच्छिम बंगाल
प्रदेश/क्षेत्र बंगाल
सीमा बनावे ला भारत, बांग्लादेश
नदी गंगा, ब्रह्मपुत्र, आ सुरमा-मेघना
चौड़ाई 354 किमी (220 मील)
रकबा 105,000 किमी2 (40,541 वर्ग मील)

गंगा डेल्टा, (अंग्रेजी: Ganges delta), जेकरा के गंगा-ब्रह्मपुत्र डेल्टा, सुंदरबन डेल्टा या बंगाल डेल्टा भी कहल जाला, एक ठो नदी डेल्टा ह जे दक्खिन एशिया के बंगाल क्षेत्र में भारत के पच्छिम बंगाल राज्य आ बांग्लादेश में फइलल बाटे। ई बिस्व के सबसे बड़हन नदी डेल्टा हवे जवन गंगा, ब्रह्मपुत्रसुरमा-मेघना नदिन द्वारा बनावल जाला आ बंगाल के खाड़ी में पानी छोड़े ला। साथे-साथ ई बिस्व के कुछ सभसे उपजाऊँ इलाका सब में से भी एक हवे आ एही से एकरा के "ग्रीन डेल्टा" के नाँव से भी जानल जाला।

एही डेल्टा में सुंदरबन इलाका बा जे बिस्व परसिद्ध मैंग्रोव क्षेत्र हवे आ एही में सुंदरबन नेशनल पार्क बाटे जे बंगाल बाघ के निवास हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]