गंगा नदी बेसिन
गंगा नदी बेसिन (अंगरेजी: Ganges river basin) गंगा नदी थाला भारत के सबसे बड़हन नदी बेसिन हवे। गंगा नदी के एह नदी थाला में अइसन सगरी इलाका सामिल बा जहाँ के पानी ढाल की अनुसार बह के गंगा नदी में पहुँचेला आ गंगा नदी द्वारा समुंद्र ले पहुंचावल जाला। ई नदी थाला, ब्यापक रूप से देखल जाय तब, गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना नदी बेसिन के हिस्सा हवे।
एक तरीका से देखल जाय त, गंगा-ब्रह्मपुत्र आ सुरमा-मेघना नदी सभ के डेल्टा एक दुसरे के साथे संजुक्त रूप से मिलल डेल्टा सिस्टम हवे जहाँ ई नदी सब कई धारा में बिभाजित हो जालीं आ एक दुसरे के साथे मिल के एगो जटिल आ बिसाल डेल्टा बनावे लीं; ई दुनिया के सभसे बड़हन डेल्टा हवे। एही से इनहन के ब्यापक रूप से एकही बिसाल नदी थाला मानल जा सके ला। एह तरीका से ई गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना थाला (नक्शा देखल जाय) एशिया महादीप के एगो महत्वपूर्ण नदी थाला हवे जेकर बिस्तार एशिया के पाँच देसन में बाटे: तिब्बत, भारत, नेपाल, भूटान आ बांग्लादेस में। हालाँकि, अगर खाली गंगा नदी के बेसिन के बात कइल जाय, एकरा ब्रह्मपुत्र के साथे संगम से पहिले, तबो एह में चार गो देसन, तिब्बत, भारत, नेपाल, आ बांग्लादेस के हिस्सा (भूटान के छोड़ के जे ब्रह्मपुत्र थाला में गिनल जाला) सामिल होखे लें।
भारत में बिस्तार[संपादन करीं]
भारत के राज्यन में एकरे बिस्तार के राज्यवार आँकड़ा नीचे दिहल गइल बा[1]:
राज्य | रकबा (किमी2) |
---|---|
उत्तराखंड आ उत्तर प्रदेश | 2,94,364 |
मध्य प्रदेश आ छत्तीसगढ़ | 1,98,962 |
बिहार आ झारखंड | 1,43,961 |
राजस्थान | 1,12,490 |
पच्छिम बंगाल | 71,485 |
हरियाणा | 34,341 |
हिमाचल प्रदेश | 4,317 |
दिल्ली | 1,484 |
कुल | 861,404 |
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ India, National Mission for Clean Ganga(NMCG),Ministry of Jal Shakti, Department of Water Resources, River Development & Ganga Rejuvenation, Government of. "नमामि गंगे". National Mission for Clean Ganga(NMCG),Ministry of Jal Shakti, Department of Water Resources, River Development & Ganga Rejuvenation, Government of India (English में). पहुँचतिथी 10 फरवरी 2022.
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
- राष्ट्रीय गंगा नदी बेसिन परियोजना, बिस्व बैंक के वेबसाइट पर
![]() | ई भारत के भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |