सुरमा-मेघना नदी सिस्टम

विकिपीडिया से
बांग्लादेश के नदिन के देखावे वाला एगो नक्शा

सुरमा-मेघना नदी सिस्टम (Surma-Meghna River System) भारतीय उपमहादीप में एगो नदी सिस्टम बाटे जेवन दुनिया के सभसे बड़ डेल्टा - गंगा डेल्टा के हिस्सा बाटे। एह नदी तन्त्र के सुरुआत भारत के राज्य मणिपुर में बराक नदी के रूप में होला आ ईहे नदी मैदान में प्रवेश करे के बाद सुरमा नदी के नाँव से जानल जाले। सुरमा नदी, मेघना से मिल के बहे ले आ आगे आ के पदमा नदी से मिल जाले। कुल लंबाई 946 किलोमीटर (588 मील) बा जेकर 669 किलोमीटर (416 मील) हिस्सा बांग्लादेश में बा। ई नदी अंत में बंगाल के खाड़ी में गिर जाले।

संदर्भ[संपादन करीं]