नील डेल्टा

विकिपीडिया से

निर्देशांक: 30°54′N 31°7′E / 30.900°N 31.117°E / 30.900; 31.117

नील नदी के डेल्टा के सैटेलाइट इमेज
नासा द्वारा लिहल नील नदी डेल्टा के सैटेलाइट फोटो (लैंडसेट डेटा, फाल्स कलर)

नील नदी के डेल्टा चाहे नील डेल्टा (अंग्रेजी: Nile Delta) अफिरका महादीप के मिस्र देस के उत्तरी आ निचला हिस्सा में नील नदी द्वारा बनावल डेल्टा हवे जहाँ ई नदी कइयन ठे धारा सब में छितरा जाले आ भूमध्य सागर में गिरे ले।[1] ई दुनियाँ के कुछ सबसे बड़हन डेल्टा में गिनल जाला जेकर बिस्तार पच्छिम में सिकंदरिया (अलेक्जेंड्रिया) से ले के पूरुब में स्वेज नहर के उत्तरी मुहाना पर मौजूद पोर्ट सईद ले बाटे।

एह तरीका से एकर पूरुब-पच्छिम के बिस्तार, भूमध्य सागर के किनारा के रूप में 240 किमी (150 मील) बा[2] आ एकर उत्तर-दक्खिन के लंबाई करीबन 160 किमी (99 मील) बाटे ई क्षेत्र खेती के मामिला में बहुत धनी इलाका हवे। ई लगभग तिकोना आकृति के हवे आ एही के नाँव पर नदी के मुहाना पर बने वाला थलरूप डेल्टा के नाँवे रखल गइल हवे। एह डेल्टाई इलाका के सुरुआत मिस्र के परसिद्ध शहर काहिरा से कुछ नीचे (उत्तर) के बाद होखे ला।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

  • "Nile Delta flooded savanna". Terrestrial Ecoregions. World Wildlife Fund.
  • Adaptationlearning.net: UN project for managing sea level rise risks in the Nile Delta (अंग्रेजी में)

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Dumont, Henri J. (2009-05-06). The Nile: Origin, Environments, Limnology and Human Use (अंग्रेजी में). Springer Science & Business Media. p. 88. ISBN 978-1-4020-9726-3.
  2. Negm, Abdelazim M. (2017-05-25). The Nile Delta (अंग्रेजी में). Springer. p. 36. ISBN 978-3-319-56124-0.
  3. Zeidan, Bakenaz. (2006). The Nile Delta in a global vision. Sharm El-Sheikh., archived from the original on 2020-07-10, retrieved 2022-03-31