Jump to content

नदी डेल्टा

विकिपीडिया से
(डेल्टा से अनुप्रेषित)
उपग्रह से खींचल चित्र में समुंद्र के किनारा आ कई गो जलधारा समुंद्र में गिरत देखात बा।
गंगा नदी के डेल्टा, ई भारतबांग्लादेश में बिस्तार लिहले बा आ दुनियाँ के सभसे बड़ डेल्टा हवे।
नील नदी के डेल्टा के सैटेलाइट इमेज
नासा द्वारा लिहल नील डेल्टा के सैटेलाइट फोटो (लैंडसेट डेटा, फाल्स कलर)

डेल्टा चाहे नदी डेल्टा (river delta) एगो नदी निर्मित थलरूप हवे। नदी जब समुंद्र में मिले ले आ अपना मुहाना पर बालू-माटी आ गाद जमा क के समुंद्र में त्रिभुज के आकार के हिस्सा बनावे ले, नदी दुआरा पाट-पाट के समुन्द्र के भीतर बढ़ गइल अइसन हिस्सा डेल्टा कहाला। ई एगो अइसन थलरूप हवे जेकर आकृति टिपिकल त्रिभुज, मने कि, यूनानी भाषा के अच्छर डेल्टा (Δ) नियर होले आ नील नदी के डेल्टा के देख के एकर नाँव डेल्टा रखल गइल हवे।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]