Jump to content

नदी घाटी

विकिपीडिया से
एगो वी-आकार के घाटी जे नदी घाटी के सभसे आम उदाहरण हवे। नीचे आबादी के संघे नदी के बहत पानी लउकत बाटे।

नदी घाटी (अंग्रेजी: river valley) अइसन घाटी ह जेह में कौनों नदी बहत होखे। ई नदी के कटाव आ तलछट के जमाव से, लमहर समय में बनल थलरूप होला।[1]

आसपास के इलाका से सँकरी, गहिरी भा निचाई वाली, रेखा नियर लंबाई में बिस्तार वाली,[2] भू-आकृति होला जे आमतौर प एकरा तली में बहे वाली नदी द्वारा जमीन के काट के गहिरा कइ के बनावल थलरूप होला। अइसन घाटी हमेशा पहिलहीं नदी से बने ईहो जरूरी नइखे। बहुत बेर ई पहाड़ी भा पर्वतीय इलाका के बीच पहिले से मौजूद निचाई वाला भूभाग होलें। गुरुत्वाकर्षण के कारण नदी हमेशा नीचका इलाका के दिसा बहे ले। अइसन घाटी में हमेशा कटान होखे ईहो जरूरी ना बाटे, बाद में चल के नदी अपना घाटी में तलछट के जमाव क के सपाट समतल मैदानो बना देले। घाटी के कटान के मात्रा आ ओकर आकार आ नदी के प्रकार पर निर्भर करेला। उदाहरण खातिर, कई धारा वाली नदी (ब्रेडेड स्ट्रीम) में आमतौर पर तलछट के जमाव बेसी होखे ला, जबकि विसर्पी नदी (मियांडर बनावे वाली नदी) अपना मार्ग के बेसी गहिराई तक काट सके ले।

ज्यादातर नदी घाटी समय के साथ बदलत रहे ली। शुरुआत में ऊ आमतौर पर सँकरी होले, लेकिन धीरे-धीरे चाकर होत जाले। कवनो समय पर घाटी के आकार मुख्य रूप से आधार स्तर (बेस लेवल), चट्टान के प्रकार, आ चट्टान के संरचना पर निर्भर करेला।[3][1]

आमतौर पर नदी घाटी के आकृति के हिसाब से दू प्रकार में बाँटल जाला: वी-आकार के घाटी, जे सभसे आम किसिम हवे आ एकर आकृति अंग्रेजी के अक्षर वी (V) जइसन होला; आ गॉर्ज, कैनियन भा आई-आकार के घाटी, जे एकदम खड़ा ढाल वाली गहिरी घाटी होला।

  1. 1 2 Mayfield, Michael W. (2022). "River valleys | Science | Research Starters | EBSCO Research". EBSCO (अंग्रेजी में). Retrieved 16 जुलाई 2026. River valleys are landforms created over time by the erosive and depositional actions of flowing streams.
  2. "River Valley: Definition, Formation, Types and Importance". Orchids (अंग्रेजी में). Retrieved 16 जुलाई 2026.
  3. "River - Valley Formation, Erosion, Deposition | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). 29 जून 2026. Retrieved 16 जुलाई 2026. most river valleys change over time from narrow forms to broader ones, the shape at any time being dependent on baselevel, rock type, and rock structures.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
  • River Valleys, Authored By: Mayfield, Michael W., EBSCO.com पर