Jump to content

काश्मीर घाटी

विकिपीडिया से
Kashmir Valley
Nicknames: 
Peer Waer (Garden of saints), Paradise on Earth, Resh Waer[1]
Map
Interactive map of Kashmir Valley
Country India
राज्यJammu and Kashmir
DistrictsAnantnag, Baramulla, Budgam, Bandipore, Ganderbal, Kupwara, Kulgam, Pulwama, Shopian and Srinagar.
HeadquartersSrinagar
Historical divisions
Area
 • Total
15,948 किमी2 (6,158 बर्ग मील)
Dimensions
 • Length135[3] km (83.885 mi)
 • Width32[3] km (19.884 mi)
Elevation
1,620[3] m (5,314 ft)
Population
 (2011[4])
 • Total
6,907,622[4]
 • Density450.06/किमी2 (1,165.7/वर्ग मील)
DemonymsKashmiri, Koshur (کوٗشُر in Kashmiri)
Ethnicity and language
 • LanguagesKashmiri (majority), उर्दू (as a second language), Pahari, Gojri, Shina
 • Ethnic groupsKashmiri, Pahari, Gujar, Shina etc
 • Religions97.16% Islam,[5] 1.84% Hinduism, 0.88% Sikhism, 0.11% Buddhism[5]
Time zoneUTC+5:30
Vehicle registrationJK
Highest peakMachoi Peak (5458 meters)

काश्मीर घाटी (Kashmir valley) चाहे कश्मीर वादी भारतीय उपमहादीप के उत्तरी हिस्सा में, महान हिमालय आ पीर पंजाल परबत श्रेणी के बीचा में एगो घाटी बा। हिमालय के महान हिमालय वाली श्रेणी आ निचला हिमालय भा मध्य हिमालय के श्रेणी (जेकर हिस्सा पीर पंजाल हवे) के बीच के अइसन घाटी सभ के "वादी" के नाँव से जानल जाला आ ई एक किसिम के अंतर-परबती (इंटर-मोंटेन) घाटी के उदाहरण हऽ।

काश्मीर घाटी लगभग 135 किलोमीटर लमहर आ 32 किलोमीटर चाकर घाटी हवे जेकरे बीच से झेलम नदी बहे ले। एकरे अलावा एह घाटी में कई गो झील भी बाड़ी स जिनहन में डल झील आ वुलर झील खास परसिद्ध हईं।

काश्मीर घाटी अपनी प्राकृतिक सुंदरता, आरामदायक जलवायु, केसर के खेती, सेब के बागान वगैरह खाती दुनिया भर में परसिद्ध हवे। एकरे अलावा इहाँ के अर्थब्यवस्था के आधार पर्यटन भी हवे। हालाँकि, भारत-पाकिस्तान के बीच एह इलाका पर अधिकार के बिबाद के चलते ई इलाका के पर्यटन परभावित भइल बा।

  1. ↑ "आर्काइव कॉपी के बा". Archived from the original on 2016-12-30. Retrieved 2018-07-08.
  2. 1 2 3 http://www.koshur.org/Kashmiri/introduction.html
  3. 1 2 3 "Vale of Kashmir | valley, India". Retrieved 2016-07-08.
  4. 1 2 "आर्काइव कॉपी के बा". Archived from the original on 2018-02-22. Retrieved 2018-07-08.
  5. 1 2 Comprehensive SVEEP Plan of J&K State 2014, http://eci.nic.in/eci_main1/SVEEP/Jammu%20&%20Kashmir19092014.pdf