घाटी
Jump to navigation
Jump to search
दु या दुगो से अधिक पहाड़ सभ के बीच में रहल मैदानी हिस्सा [1] अर्थात चारो ओर पहाड़ से घेराइल लेकिन बीच के जगह खाल (निम्न भूमि) होखे, ओइसन भौगोलिक संरचना के घाटी या उपत्यका कहल जाला। घाटी शब्द भारत में प्रचलित शब्द ह, जबकि नेपाल में उपत्यका कहल जाला। [2]
घाटी या उपत्यका कई तरह के हो सकत बा, मुख्य रूप से एगो घाटी होला जवन पहाड़ के ऊपर कटोरीनुमा या अंग्रेजी के वी (V) आकार या (U) आकर के भी हो सकत बा, दूसर होला भीतरी तराई अर्थात उ जमीन जवन पहाड़ पर नाही बल्कि तराई के जमीन होला लेकिन पहाड़ से चारो ओर से घेराइल होला।