वुलर झील

विकिपीडिया से
वुलर झील
جھیل ولر
वुलर झील
लोकेशनजम्मू काश्मीर, भारत
निर्देशांक34°20′N 74°36′E / 34.333°N 74.600°E / 34.333; 74.600निर्देशांक: 34°20′N 74°36′E / 34.333°N 74.600°E / 34.333; 74.600
प्रकारफ्रेशपानी के झील
आगमझेलम नदी
निकासझेलम नदी
थाला के देसभारत
अधिकतम लंबाई16 किमी (9.9 मील)
अधिकतम चौड़ाई9.6 किमी (6.0 मील)[1]
सतह क्षेत्र12 से 100 वर्ग मील (31 से 259 किमी2)
अधिकतम गहिराई14 मी (46 फीट)
सतह ऊँचाई1,580 मी (5,180 फीट)
दीपजैनुल लंक
आबादीबांदीपोरा
तिथी23 मार्च 1990
रिफरेंस नं॰461[2]

वुलर झील भारत के जम्मू काश्मीर में एगो साफ पानी के झील बा। ई बांदीपोर जिला में स्थित बाटे आ एशिया के बड़हन मीठ पानी के झील सभ में से एक हवे। एकर रकबा सीजन अनुसार घटत-बढ़त रहे ला आ 60 से 260 वर्ग किलोमीटर के बीच रहे ला। झील में झेलम नदी के पानी आवे ला आ इहे नदी से बाहर निकले ला। झील के उत्पत्ती टेक्टानिक प्रक्रिया से भइल हवे। हवा बहे पर एह में लहर उठे ला। एकर पुराना नाँव महापद्मसर हवे।

झील पर्यटन के एगो प्रमुख जगह हवे आ एकरा के पर्यावरण के हिसाब से महत्वपूर्ण होखे के कारन रामसर साइट के दर्जा दिहल गइल बाटे।

झील में कई किसिम के मछरी पावल जालीं आ बिबिध प्रकार के चिरई देखल जा सके लीं। वुलर झील के मुहाना पर तुलबुल परियोजना बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Slide 1" (PDF). Archived from the original (PDF) on 9 अक्टूबर 2011. Retrieved 7 नवंबर 2012.
  2. "Wular Lake". Ramsar Sites Information Service. Archived from the original on 10 मई 2018. Retrieved 25 अप्रैल 2018.