Jump to content

मियांडर

विकिपीडिया से
क्यूबा देस के रियो काउटो नदी के लहरदार बहाव से बनल मियांडर।
240
रियो नीग्रो नदी के मियांडर, आ पुरान छाड़न मियांडर चीन्हा आ गोखुर झील (छाड़न झील) सभ

मियांडर चाहे नदी मियांडर (meander) एगो थलरूप हवे जे नदी चाहे कौनों अउरी जलधारा के साँप के चाल नियर लहरदार गोलाई वाला हिस्सा बना के बहे से बने ला।[1] ई साधारण तौर पर नदी के मैच्योर अवस्था के लैंडफॉर्म हवे जहाँ नदी के बहाव रास्ता के ढाल बहुत कम हो जाला, सपाट मैदान में बहे लागे ले, आ ई दुन्नो साइड में कटाव करे ले आ अपना कछार में साँप नियर बहे ले। ई जमीनी कटाव (अपरदन भा इरोजन) से बने वाला थलरूप हवे। हिंदी में मियांडर के विसर्प कहल जाला।

मियांडर के साथे जुड़ल भू-आकृतिक लच्छन आ थलरूप सभ में पूल-रिफल के क्रम आ मियांडर सभ के पुरान होखे पर गोलाई वाला छूटल हिस्सा से बने वाला गोखुर झील वगैरह बाड़ें। गोखुर झील में कटाव आ जमाव दुनों के योगदान होखे ला।

जब कभी मियांडर बना के बहे वाली नदी के इलाका में अचानक उठान हो जाय तब ई अपना मियांडर सभ के भीतर नीचे के ओर कटान क के इनहन के अउरी गहिरा बनावे लागे ले आ एह तरीका से दू गो लैंडफॉर्म बने लें: एनट्रेंच्ड मियांडर आ इनसाइज्ड मियांडर।

एकर नाँव तुर्की में मौजूद प्राचीन यूनान में एही नाँव से जानल जाए वाली नदी मियांडर नदी के नाँव पर पड़ल हवे।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. Ross, Simon; Durman, Stephen (23 अगस्त 2018). Oxford International AQA Examinations: International GCSE Geography (अंग्रेजी में). OUP Oxford. ISBN 978-0-19-841719-4. Retrieved 5 फरवरी 2022.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]

अउरी पढ़े लायक

[संपादन करीं]