सिंधु नदी

विकिपीडिया से
सिंधु नदी (सिंधु)
Satellite image of the Indus River basin in Pakistan, and China.
देस  पाकिस्तान (93%),  भारत (5%),  चीन (2%)
सहायिका
 - बायें से जाँस्कर नदी, चिनाब नदी, सतलज नदी, Soan River, ब्यास नदी, रावी नदी, द्रास नदी, Suru River (Indus), झेलम नदी, किशनगंगा नदी
 - दहिने से श्योक नदी, गिलगित नदी, काबुल नदी, कुर्रम नदी, गोमल नदी
शहर लेह, Sukkur, हैदराबाद, डेरा इस्माइल खान
प्राथमिक उदगम Sênggê Zangbo
 - लोकेशन तिब्बत पठार
दुसरहा उदगम Gar
 - लोकेशन तिब्बत पठार
मुहाना Arabian Sea (primary), Nal Sarovar Bird Sanctuary (secondary)
 - लोकेशन Indus River Delta (primary), Central Gujarat (secondary), Pakistan (primary), भारत (secondary)
 - ऊँचाई 0 मी (0 फीट)
लंबाई 2,880 किमी (1,790 मील)
थाला 1,165,000 किमी2 (449,809 वर्ग मील)
जलनिकास for अरब सागर
 - औसत 6,600 m3/s (233,077 cu ft/s)
Map of the Indus River basin

सिंधु नदी एशिया महादीप के कुछ सभसे लमहर नदी सभ में से एक हवे। ई तिब्बत के पठार से मानसरोवर झील के लगे से निकले ले आ उत्तर पच्छिम मुहें भारत के लद्दाख इलाका से हो के बहे ले, ओकरे बाद ई पाकिस्तान के अधिकार वाला गिलगित-बल्तिस्तान इलाका से हो के बहे के बाद मुड़े ले आ पूरा पाकिस्तान पार करे के बाद अरब सागर में कराची के नगीचे जा के मिले ले। ई पाकिस्तान के सभसे लमहर नदी आ राष्ट्रिय नदी हवे।

नदी के थाला लगभग 1,165,000 किमी2 (450,000 वर्ग मील) से बेसी रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे। एगो अनुमान (इस्टीमेट) के मोताबिक एकर सालाना बहाव 243 किमी3 (8.6×1012 घन फुट) बाटे, ई नील नदी के लगभग दुगुन्ना बाटे आ दजला-फरात नदिन सभ के तिनगुन्ना बा। सालाना बहाव के मामिला में एह तरीका से ई दुनियाँ के सभसे बड़हन नदी सभ में से एक बा।[1] लद्दाख में एह में जाँस्कर नदी बायें से आ के मिलेले। मैदान में उतरे पर चिनाब, झेलम, रावी, ब्यास आ सतलज के रूप में पंजनद सभ आ के मिले लीं। दहिने ओर से आ के मिले वाली नदी सभ में स्योक, गिलगित, काबुल, गोमल आ कुर्रम नदी प्रमुख बाड़ी सऽ। एगो पहाड़ी सोता से निकले के बाद ई नदी मुख्य रूप से आपन बहाव के पानी ग्लेशियर सभ से हासिल करे ले। हिमालय, कराकोरम आ हिंदुकुश परबत सभ के नदी सभ से एकरा के पानी मिले ला आ कई किसिम के इकोसिस्टम सभ से हो के बहे ले।

भूगोल[संपादन करीं]

लेह के लगे सिंधु नदी

सहायिका[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Indus water flow data in to reservoirs of Pakistan". Retrieved 15 अगस्त 2017.