सिंधु नदी
सिंधु नदी (सिंधु) | |
Satellite image of the Indus River basin in Pakistan, and China.
| |
देस | पाकिस्तान (93%), भारत (5%), चीन (2%) |
---|---|
सहायिका | |
- बायें से | जाँस्कर नदी, चिनाब नदी, सतलज नदी, Soan River, ब्यास नदी, रावी नदी, द्रास नदी, Suru River (Indus), झेलम नदी, किशनगंगा नदी |
- दहिने से | श्योक नदी, गिलगित नदी, काबुल नदी, कुर्रम नदी, गोमल नदी |
शहर | लेह, Sukkur, हैदराबाद, डेरा इस्माइल खान |
प्राथमिक उदगम | Sênggê Zangbo |
- लोकेशन | तिब्बत पठार |
दुसरहा उदगम | Gar |
- लोकेशन | तिब्बत पठार |
मुहाना | Arabian Sea (primary), Nal Sarovar Bird Sanctuary (secondary) |
- लोकेशन | Indus River Delta (primary), Central Gujarat (secondary), Pakistan (primary), भारत (secondary) |
- ऊँचाई | 0 मी (0 फीट) |
लंबाई | 2,880 किमी (1,790 मील) |
थाला | 1,165,000 किमी2 (449,809 वर्ग मील) |
जलनिकास | for अरब सागर |
- औसत | 6,600 m3/s (233,077 cu ft/s) |
Map of the Indus River basin
|
सिंधु नदी एशिया महादीप के कुछ सभसे लमहर नदी सभ में से एक हवे। ई तिब्बत के पठार से मानसरोवर झील के लगे से निकले ले आ उत्तर पच्छिम मुहें भारत के लद्दाख इलाका से हो के बहे ले, ओकरे बाद ई पाकिस्तान के अधिकार वाला गिलगित-बल्तिस्तान इलाका से हो के बहे के बाद मुड़े ले आ पूरा पाकिस्तान पार करे के बाद अरब सागर में कराची के नगीचे जा के मिले ले। ई पाकिस्तान के सभसे लमहर नदी आ राष्ट्रिय नदी हवे।
नदी के थाला लगभग 1,165,000 किमी2 (450,000 वर्ग मील) से बेसी रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे। एगो अनुमान (इस्टीमेट) के मोताबिक एकर सालाना बहाव 243 किमी3 (8.6×1012 घन फुट) बाटे, ई नील नदी के लगभग दुगुन्ना बाटे आ दजला-फरात नदिन सभ के तिनगुन्ना बा। सालाना बहाव के मामिला में एह तरीका से ई दुनियाँ के सभसे बड़हन नदी सभ में से एक बा।[1] लद्दाख में एह में जाँस्कर नदी बायें से आ के मिलेले। मैदान में उतरे पर चिनाब, झेलम, रावी, ब्यास आ सतलज के रूप में पंजनद सभ आ के मिले लीं। दहिने ओर से आ के मिले वाली नदी सभ में स्योक, गिलगित, काबुल, गोमल आ कुर्रम नदी प्रमुख बाड़ी सऽ। एगो पहाड़ी सोता से निकले के बाद ई नदी मुख्य रूप से आपन बहाव के पानी ग्लेशियर सभ से हासिल करे ले। हिमालय, कराकोरम आ हिंदुकुश परबत सभ के नदी सभ से एकरा के पानी मिले ला आ कई किसिम के इकोसिस्टम सभ से हो के बहे ले।
भूगोल
[संपादन करीं]सहायिका
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Indus water flow data in to reservoirs of Pakistan". Retrieved 15 अगस्त 2017.
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |