The Indus River Delta, as seen from space with Kori Creek shown at top.
सिंधु नदी डेल्टा (अंग्रेजी: Indus delta) पाकिस्तान के सभसे प्रमुख नदी सिंधु नदी के द्वारा अरब सागर में बनावल गइल नदी डेल्टा हवे। एकर लगभग सारा हिस्सा पाकिस्तान के सिंध प्रांत के दक्खिनी हिस्सा में पड़े ला आ कुछ हिस्सा भारत के कच्छ रण वाला हिस्सा में पड़े ला। पूरा डेल्टा करीबन 41,440 किमी² (16,000 बर्ग मील) के इलाका कभर करे ला आ ई जहाँ समुंद्र से मिले ला ऊ हिस्सा एक ओर से दुसरे माथ ले 210 किमी (130 मील) लमहर बाटे। डेल्टा के एक्टिव हिस्सवो करीबन 6,000 किमी2 एरिया वाला (2,300 वर्ग मील) बा।