Jump to content

बांग्लादेस के भूगोल

विकिपीडिया से
बांग्लादेस के भूगोल
महादीपएशिया
क्षेत्रदक्खिन एशिया ; भारतीय उपमहादीप
रकबाRanked 94वाँ
 • कुल147,610 किमी2 (56,990 वर्ग मील)
तटरेखा580 किमी (360 मील)
सीमाभारत, बर्मा
सभसे ऊँच जगहसाका हफौंग (1,052 मीटर)
सभसे निचाई के जगहहिंद महासागर (0 मीटर)

बांग्लादेस के भूगोल समथर जलोढ़ मैदानी जमीन, एह मैदान में बहे वाली नद्दी सभ, उष्णकटिबंधी मानसूनी जलवायु आ खूब घन आबादी के बसाव वाला प्रमुख लच्छन लिहले बा। ई इलाका के थलरूपी बिभाजन में बांग्लादेस मैदान कहल जाला जे अउरी बड़हन बंगाल मैदान भा निचला गंगा मैदान के हिस्सा हवे। गंगाब्रह्मपुत्र प्रमुख नदी बाड़ी आ इनहन के सहायिका नदी आ शाखा नदी सभ से ई इलाका बिच्छेदित बाटे। पहाड़ी भा ऊँच जमीन के नाँव पर चटगाँव के पहाड़ी हिस्सा भर बाटे।

बांग्लादेस के कुल रकबा 147,610 वर्ग किलोमीटर (1.5889×1012 वर्ग फु) बा आ ई देस उत्तर-दखिन में 820 किलोमीटर (510 मील) के आ पुरुब-पछिम में 600 किलोमीटर (370 मील) के बिस्तार लिहले बाटे। देस के सीमा तीन ओर से भारत से बने ला आ दूर दक्खिन-पुरुब में कुछ सीमा बर्मा देस के साथै बा, बाकी दक्खिनी सीमा समुंदरी सीमा हवे जे बंगाल के खाड़ी के सहारे बा।