मानसून

विकिपीडिया से
मानसून के बादर, नागरकोइल, तमिलनाडु, भारत

मानसून के परंपरागत परिभाषा, हवा के दिसा में होखे वाला बदलाव के रूप में दिहल जाले, जेह में हवा बहे के दिसा एक सीजन से दूसरा सीजन के बीच एकदम उलटा हो जाले आ इलाका में होखे वाला बरखा के मात्रा एकरा से प्रभावित होला।[1] हालाँकि, अब मानसून के अरथ धरती के वायुमंडल में बड़ा पैमाना पर होखे वाला सर्कुलेशन से लिहल जाला जेकर कारण जमीनी आ समुंदरी हिस्सा के अलग-अलग तेजी से गरम होखल बा।[2][3] आमतौर पर बोलचाल की भाषा में मानसून शब्द के प्रयोग बरखा के सीजन खातिर होला, हालाँकि मानसून के दौरान बीच-बीच में सूखा मौसम के दौर भी आवे ला।

दुनिया के सभसे बड़हन मानसून सिस्टम सभ में पच्छिमी अफिरकीएशिया-आस्ट्रेलियाई मानसून आवे लें; भारतीय मानसून भी एह में दुसरका के हिस्सा हवे। उत्तर आ दक्खिन अमेरिका में भी अइसन सिस्टम पावल जाला बाकी उहाँ हवा के बहाव के दिसा एकदम से ना उलटे ले आ एही कारन एह सिस्टमन के मानसून माने पर बिबाद बा।[4]

मानसून शब्द अंग्रेजी के हवे, ब्रिटिश राज में भारत, बांग्लादेश, बर्मा, पाकिस्तान आ आसपास के इलाका में गरमी के सीजन के बाद बंगाल के खाड़ी आ अरब सागर से उठे वाली हवा के जमीनी हिस्सा पर पहुँच के भारी बरखा करे के घटना खातिर इस्तमाल शुरू भइल।[5][6]

एशियाई मानसून[संपादन करीं]

एशियाई मानसून के मजबूत होखे के संबंध लगभग 5 करोड़ साल पहिले भारतीय उपमहादीप आ एशिया के टक्कर के बाद तिब्बत पठार के उठान से बतावल गइल बा।[7] अरब सागर के रिकार्ड आ चीन के लोएस पठार में हवा से उड़ावल धूल के अध्ययन के बाद कई भूबिज्ञानी लोग के मानल ई बा कि मानसून पहिली बेर लगभग 80 लाख साल पहिले मजबूत भइल होखी। हाल में चीन में पौधा जीवाश्म सभ के अध्ययन आ दक्खिन चीन सागर से मिलल नया लंबा समय ले चले वाला तलछट सभ के रिकार्ड सभ के आधार प बतावल जा रहल बा कि मानसून के समय 15–2 करोड़ साल पहिले शुरू भइल आ ई तिब्बत के सुरुआती उठान से जुड़ल रहल।[8] एह परिकल्पना के परीक्षण इंटीग्रेटेड ओशन ड्रिलिंग प्रोग्राम द्वारा गहिरा समुंद्र के नमूना लेवे के इंतजार बा।[9] एह समय से ले के अबतक ले मानसून के ताकत में काफी बदलाव भइल बा, ई बहुत हद तक वैश्विक जलवायु परिवर्तन से जुड़ल बा, खासतौर पर प्लेस्टोसीन बर्फ के जुग के चक्र से।[10] ईमियन इंटरग्लेशियल के दौरान 123,200 से 121,210 साल बीपी के एशियाई मानसून के जलवायु चक्र सभ के अध्ययन से पता चले ला कि इनहन के औसत अवधि लगभग 64 साल रहल, न्यूनतम अवधि लगभग 50 साल आ अधिकतम लगभग 80 साल रहल, ई आजुए के समय नियर रहल।[11]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Ramage, C., Monsoon Meteorology. International Geophysics Series, Vol. 15, 296 pp., Academic Press, San Diego, Calif. 1971.
  2. Trenberth, .K.E., Stepaniak, D.P., Caron, J.M., 2000, The global monsoon as seen through the divergent atmospheric circulation, Journal of Climate, 13, 3969–3993.
  3. "On Air–Sea Interaction at the Mouth of the Gulf of California", Paquita Zuidema and Chris Fairall, in Journal of Climate, Volume 20, Issue 9, May 2007, published by the American Meteorological Society
  4. Rohli, Robert V.; Vega, Anthony J. (2011). Climatology. Jones & Bartlett Learning. p. 187. ISBN 978-0763791018. Retrieved 2011-07-23.
  5. Glossary of Meteorology (जून 2000). "Monsoon". American Meteorological Society. Retrieved 2008-03-14.
  6. International Committee of the Third Workshop on Monsoons. The Global Monsoon System: Research and Forecast. Retrieved on 2008-03-16.
  7. Zhisheng, An; Kutzbach, John E.; Prell, Warren L.; Porter, Stephen C. (2001). "Evolution of Asian monsoons and phased uplift of the Himalaya–Tibetan plateau since Late Miocene times". Nature. 411 (6833): 62–66. Bibcode:2001Natur.411...62Z. doi:10.1038/35075035. PMID 11333976.
  8. P. D. Clift, M. K. Clark, and L. H. Royden. An Erosional Record of the Tibetan Plateau Uplift and Monsoon Strengthening in the Asian Marginal Seas. Archived 2008-05-27 at the Wayback Machine Retrieved on 2008-05-11.
  9. Integrated Ocean Drilling Program. Earth, Oceans, and Life. Archived 2007-10-26 at the Wayback Machine Retrieved on 2008-05-11.
  10. Gupta, A. K.; Thomas, E. (2003). "Initiation of Northern Hemisphere glaciation and strengthening of the northeast Indian monsoon: Ocean Drilling Program Site 758, eastern equatorial Indian Ocean" (PDF). Geology. 31 (1): 47–50. Bibcode:2003Geo....31...47G. doi:10.1130/0091-7613(2003)031<0047:IONHGA>2.0.CO;2.
  11. Wang, Zhenjun; Chen, Shitao; Wang, Yongjin; Cheng, Hai; Liang, Yijia; Yang, Shaohua; Zhang, Zhenqiu; Zhou, Xueqin; Wang, Meng (1 March 2020). "Sixty-year quasi-period of the Asian monsoon around the Last Interglacial derived from an annually resolved stalagmite δ18O record". Palaeogeography, Palaeoclimatology, Palaeoecology. 541: 109545. Bibcode:2020PPP...541j9545W. doi:10.1016/j.palaeo.2019.109545. S2CID 214283369. Retrieved 5 November 2022.