आकासी बिजली
आकासी बिजली (अंग्रेजी: Lightning, लाइटनिंग) अचानक आ तेजी से होखे वाला इलेक्ट्रोस्टेटिक डिस्चार्ज हवे जे आकास (वायुमंडल) के एक हिस्सा से दुसरे हिस्सा ले चाहे वायुमंडल में मौजूद बादर से जमीन तक ले होखे ला। आमतौर पर ई बरखा वाला कपासी बादर सभ के साथे जुड़ल घटना हवे आ झंझावात (तूफान) के समय होखे ला।
जब बादर में बर्फ के कण सभ ऊपर उठत घरी, लगभग जमल पानी (ग्रुपल) से टकरालें, उनहन में धनात्मक चार्ज आ जाला। इहे पाजिटिव चार्ज जब अचानक तेजी के साथे रिलीज होखे ला तब आकास में चमक भा चमकदार लकीर देखलाई पड़े ले जेकरा के आकासी बिजली कहल जाला। बहुधा एकरे साथे बादर के गरजले के घटना भी होखे ले; मने कि एह डिस्चार्ज के समय होखे वाला तेज आवाज।
कुछ आम चीज[संपादन करीं]
टिपिकल बादर-से-जमीन वाली आकाशीय बिजली के चमक (फ्लैश) अपना चरम पर तब चहुँपे ला जब बिजली के बहाव करे वाला प्लाज्मा चैनल के निर्माण होला; ई प्लाज्मा चैनल बादर के भीतर आ ओकरे बाद जमीन तक ले 5 किमी (3.1 मील) से बेसी ऊँचाई वाला होला। अंतिम स्टेज में बिजली के डिस्चार्ज होखल एगो बहुते जटिल प्रक्रिया होखे ले।[1] अपना चरम के दसा में, एगो टिपिकल झंझावत (थंडरस्टार्म) जमीन पर हर मिनट लगभग तीन या बेसी "वार" करे ला। [2] आकासी बिजुरी पैदा तब होखे ले गरम हवा के राशि ठंढा हवा के राशि में मिक्स होखे ले,[3] हालाँकि, अइसन घटना धूर के तूफ़ान, जंगल के आगि, ज्वालामुखी फाटे वगैरह के साथे भी हो सके ला।[4][5] हरीकेन (उष्णकटिबंधी चक्रवात) सभ में बिजली के टिपिकल उत्पत्ति के अस्थान बरखा वाला इलाका होला जे इनहन के सेंटर के चारों ओर 160 किमी (99 मील) के दूरी पर होला।[6][7][8]
आकासी बिजली के अध्ययन करे वाला बिज्ञान के फुलमिनोलॉजी (fulminology) कहल जाला आ आकाशी बिजली से डेराइल एस्ट्राफोबिया (astraphobia) कहाला।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ Uman (1986) p. 81.
- ↑ Uman (1986) p. 55.
- ↑ Füllekrug, Martin; Mareev, Eugene A.; Rycroft, Michael J. (मई 1, 2006). Sprites, Elves and Intense Lightning Discharges (enurl-status=live में). Springer Science & Business Media. ISBN 9781402046285. Archived from the original on नवंबर 4, 2017.
{{cite book}}
: CS1 maint: unrecognized language (link) - ↑ New Lightning Type Found Over Volcano? Archived February 9, 2010,वेबैक मशीन पर .. News.nationalgeographic.com (फरवरी 2010). पहुँच तिथी 23 जून 2012.
- ↑ "Bench collapse sparks lightning, roiling clouds". Volcano Watchurl-status=live. United States Geological Survey. जून 11, 1998. Archived from the original on जनवरी 14, 2012. Retrieved अक्टूबर 7, 2012.
- ↑ Pardo-Rodriguez, Lumari (Summer 2009) Lightning Activity in Atlantic Tropical Cyclones: Using the Long-Range Lightning Detection Network (LLDN) Archived March 9, 2013,वेबैक मशीन पर .. MA Climate and Society, Columbia University Significant Opportunities in Atmospheric Research and Science Program.
- ↑ Hurricane Lightning Archived 15 August 2017[Date mismatch]वेबैक मशीन पर ., NASA, 9 जनवरी 2006.
- ↑ The Promise of Long-Range Lightning Detection in Better Understanding, Nowcasting, and Forecasting of Maritime Storms Archived 9 March 2013[Date mismatch]वेबैक मशीन पर .. Long Range Lightning Detection Network
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |