कोहरा
Appearance

कोहरा (अंग्रेजी: fog) हवा में मौजूद नमी के संघनन से बने वाली घनघोर धुंध के कहल जाला। ई कुहेसा क ढेर मजबूत रूप बूझल जाला हालाँकि असल में कोहरा एक तरह से नीचे जमीन के सतह के आसपास बनल बादर होला। उत्तरी भारत में शीत लहरी के समय कोहरा पड़ल आम बात हवे। एकरे अलावा बिस्व में कुछ अइसनो छेत्र बाड़ें जहाँ लगभग सालो भर कोहरा-कुहेसा पड़े ला।
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |