हवा

विकिपीडिया से
हवा के दिसा नापे वाला यंत्र
दिशामापी, जे हवा के दिसा बतावे ला
हवा के चाल नापे वाला यंत्र
एनीमोमीटर, जे हवा के चाल नापे ला

हवा (अंग्रेजी:Air, एयर; Wind, विंड ) पहिला अरथ में हमनी की पृथ्वी के चारो ओर लपटाइल गैसन क मिक्सचर हवे जेवना से पृथ्वी क वायुमंडल बनल बाटे; दूसरा अरथ में ई धरातल के ऊपर बहे वाली हवा, जेवना के हिंदी में पवन आ अंग्रेजी में विंड कहल जाला, ओहू के भी भोजपुरी में हवा की नाँव से जानल जाला। ई लेख हवा के बहे वाला रूप के बारे में बाटे।

पृथिवी भा कौनों अउरी ग्रह के वायुमंडल में हवा (एयर) के प्राकृतिक बहाव भा गति, हवा (विंड) चाहे पवन हवे। एह गति भा बहाव के मुख्य कारन अलग-अलग जगह पर सुरुज द्वारा मिले वाला गर्मी के अलग-अलग मात्रा के चलते अलग-अलग वायुदाब आ पृथिवी के घूर्णन हवे।[1]

पृथ्वी पर बहे वाली हवा के तीन प्रकार में बाँटल जाला - 1. वैश्विक हवा, 2. लोकल हवा, आ 3. ऊपरी वायुमंडल क हवा।

लोकल हवा[संपादन करीं]

लोकल हवा (अंग्रेजी: local winds[2]) सभ अइसन हवा होखे लीं जे पृथिवी के कौनों खास छोटहन हिस्सा भर में बहे लीं आ ओह जगह के लोकल भूगोल, मने की लोकल जमीनी ऊँचाई निचाई भा लोकल मौसमी घटना नियर चीज, इनहन के बहे के कारन होखे ला।[3] इनहन के बहे के समयवो कम आ सीमित होखे ला। लोकल भूगोल से परभावित हो के बहे वाली एह हवा सभ के लोकल हवा भा हिंदी में स्थानीय पवन कहल जाला।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Society, National Geographic (15 नवंबर 2012). "Wind". National Geographic Society (अंग्रेजी में). Retrieved 21 अप्रैल 2022.
  2. "local winds". glossary.ametsoc.org. अमेरिकी मौसमबिज्ञान सोसाइटी. Retrieved 21 अप्रैल 2022.
  3. "Local Winds: What Are They?". Tomorrow.io Weather Blog (अंग्रेजी में). 9 दिसंबर 2021. Retrieved 21 अप्रैल 2022.[मुर्दा कड़ी]