पूरबी भारत
पूरबी भारत चाहे हिंदी: पूर्वी भारत (अंग्रेजी: East India), भारत के क्षेत्र हवे, जवना में बिहार, झारखंड, ओडिशा आ पच्छिम बंगाल राज्य शामिल बाड़ें। एह क्षेत्र में अंडमान आ निकोबार दीप समूह केंद्र शासित प्रदेशो शामिल बा। कई बेर छत्तीसोगढ़ के पूरबी भारत से बोलावल जाये वाला ए इलाका में गिनल जाला, काहें से कि ओकर भौगोलिक नजदीकी आ पूरबी क्षेत्र से मजबूत सांस्कृतिक आ आर्थिक जुड़ाव बा। बिहार आ पच्छिम बंगाल दुनों गंगा के मैदान में स्थित बाड़ें; भूगोलीय रूप से ई बिचला आ निचला गंगा मैदान में पड़े लें। झारखंड छोटा नागपुर पठार पर बसल बा। ओडिशा पूर्वी घाट आ दक्कन पठार के हिस्सा में पड़ेला। पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता एह क्षेत्र के सबसे बड़ शहर हवे। कोलकाता महानगरीय इलाका भारत के तिसरका सबसे बड़ महानगरीय क्षेत्र मानल जाला।
एह क्षेत्र के उत्तर में भूटान, नेपाल आ सिक्किम बा। पश्चिम में उत्तर प्रदेश आ छत्तीसगढ़, दक्षिण में आंध्र प्रदेश आ पूरुब में बांग्लादेश स्थित बा। दक्षिण-पूर्व दिशा में बंगाल के खाड़ी एह क्षेत्र से लागल बा। पश्चिम बंगाल के उत्तर-पूर्व में स्थित पातर खन सिलिगुड़ी कॉरिडोर (जेकरा चिकेन्स नेक कहल जाला) के माध्यम से ई इलाका उत्तर-पूर्व भारत के 'सेवन सिस्टर' राज्यन से जुड़ल बा।
पूर्वी भारत के सकल घरेलू उत्पाद भारत के सभे क्षेत्रन में चौथका सबसे बड़ मानल जाला।
इतिहास में एह क्षेत्र पर कई गो साम्राज्यन के शासन रहल, जइसे गंगारिडाई, नंद, मौर्य, गुप्त, पाल, भौम-कर वंश, सेन वंश, पूर्वी गंग वंश, गजपति, दिल्ली सल्तनत, बंगाल सल्तनत, मुगल साम्राज्य आ सभसे अंत में ब्रिटिश राज।
| ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |