आंध्र प्रदेश

विकिपीडिया से
(Andhra Pradesh से अनुप्रेषित)
आंध्र प्रदेश
राज्य
View of Kodanda Ramaswamy Temple in Vontimitta.jpg
Nandi Lepakshi Temple Hindupur 5.jpg
Papi Hills Tour Pic 10.jpg
Sri venkateshwara swamy temple.webp
Dhyan Buddha Statue, Amaravathi.jpg
Araku valley view.jpg
Simhachalam-temple-2 big.jpg
Vizag View from Kailasagiri.jpg
भारत में लोकेशन
भारत में लोकेशन
Coordinates: 16°30′N 80°38′E / 16.50°N 80.64°E / 16.50; 80.64निर्देशांक: 16°30′N 80°38′E / 16.50°N 80.64°E / 16.50; 80.64
देस भारत
राज्य के दर्जा1 नवंबर 1956
राजधानीविशाखापट्टनम
बड़ शहरविशाखापट्टनम
जिला26
Area
 • Total162,970 किमी2 (62,920 बर्ग मील)
 • Rank7वाँ
Population
 (2011)[2]
 • Total49,634,314
 • Rank10वाँ
 • Density308/किमी2 (800/बर्ग मील)
Demonymतेलुगु लोग / आंध्राइट
GDP (2020–21)
 • कुल8.84 (12¢ US)
 • प्रति ब्यक्ति170,215 (US$2,400)
Time zoneUTC+05:30 (IST)
UN/LOCODEAP
साक्षरता दर67.41% (2011)
ऑफिशियल भाषातेलुगु
समुंद्री किनारा974 किलोमीटर (605 मील)
Websitewww.ap.gov.in
^† The Andhra Pradesh Reorganisation Act, 2014 states that Hyderabad is common capital of both Telangana and Andhra Pradesh states for a period of time not exceeding 10 years.
†† Common for Andhra Pradesh and Telangana.

आंध्र प्रदेश भारत के 28 राज्य सब में से एगो राज्य बा। भारत के दक्खिन-पूरबी हिस्सा में मौजूद एह राज्य के रकबा लगभग 162,970 किमी2 (62,920 वर्ग मील) बाटे[4] आ एह तरीका से ई भारत के आठवाँ सभसे बड़हन राज्य बा। साल 2011 में भइल जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल आबादी 49,386,799 बा आ जनसंख्या अनुसार ई भारत के 10वाँ राज्य बाटे। एह राज्य के सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर विशाखपट्नम बा। आंध्रप्रदेश मुख्यमंत्री जगन मोहन रेड्डी (कांग्रेस)

तारीख 2 जून 2014 के आंध्र प्रदेश के उत्तर-पच्छिमी हिस्सा एकरा से बिलग क दिहल गइल आ ओकरा के तेलंगाना नाँव से नाया राज्य बनावल गइल; लंबा समय से राजधानी रहल हैदराबाद शहर भूगोलीय रूप से तेलंगाना के भीतर आवे के कारन ओही में रह गइल हालाँकि, आंध्र प्रदेश पुनर्गठन एक्ट, 2014 के अनुसार ई बेवस्था कइल गइल कि कम से कम दस साल खाती आंध्र प्रदेश के कार्यकारी राजधानी हैदराबादे रही।[5] नई, वास्तविक राजधानी जे नदी के तीरे बिकसित कइल जा रहल बा अमरावती के नाँव से बा आ आंध्र प्रदेश राजधानी बिकास क्षेत्र (APCRDA) के अधीन बाटे[6]

आंध्र प्रदेश समुंद्र के किनारे मौजूद राज्य हवे आ एकर तटरेखा 974 किमी (605 मील) के लगभग लंबाई वाली बा – गुजरात के बाद भारत में एह मामिला में एकर दुसरा नमर बाटे – आ करीबन 15,000 किमी2 जलक्षेत्र एकरे राज्यक्षेत्र के हिस्सा हवे।[4][7] आंध्र प्रदेश के सीमा तेलंगाना से उत्तर-पच्छिम में, छत्तीसगढ़ओडिशा से उत्तर-पूरुब में, पच्छिम में कर्नाटक से आ दक्खिन में तमिल नाडु से सटे ला आ एकरे पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी बाटे। केंद्र शासित प्रदेश पुद्दुचेरी के एगो हिस्सा यनम एह राज्य के अंदर एन्क्लेव के रूप में बा आ काकीनाड़ा क्षेत्र में गोदावरी डेल्टा के इलाका में बा।[8]


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "SOCIO ECONOMIC SURVEY 2016–17" (PDF). AP State Portal. Government of Andhra Pradesh. p. 3. Retrieved 30 जून 2018.
  2. "Demography" (PDF). Official portal of Andhra Pradesh Government. Government of Andhra Pradesh.
  3. "Andhra Pradesh Budget Analysis 2020–21" (PDF). PRS Legislative Research. Retrieved 10 मार्च 2020.
  4. 4.0 4.1 "AP Socio-economic Survey 2016–17" (PDF). Official website of Government of Andhra Pradesh. Government of Andhra Pradesh.
  5. "The Andhra Pradesh Reorganisation Act, 2014" (PDF). India Code Legislative Department. Ministry of Law and Justice. 1 मार्च 2014. p. 2. Retrieved 14 July 2015.
  6. "Capital City be named as "Amaravati"" (PDF). Andhra Pradesh Capital Region Development Authority. Municipal Administration & Urban Development Department – Andhra Pradesh. 23 April 2015. Archived from the original (PDF) on 14 May 2015. Retrieved 31 May 2015.
  7. "Length of coastline" (PDF). Ministry of Home Affairs. Retrieved 26 August 2016.
  8. "Yanam of Puducherry". Gov.t of Yanam. Archived from the original on 13 May 2013. Retrieved 6 जून 2014.