आंध्र प्रदेश
आंध्र प्रदेश | |
---|---|
राज्य | |
![]() भारत में लोकेशन | |
निर्देशांक: 16°30′N 80°38′E / 16.50°N 80.64°Eनिर्देशांक: 16°30′N 80°38′E / 16.50°N 80.64°E | |
देस |
![]() |
राज्य के दर्जा | 1 नवंबर 1956 |
राजधानी | विशाखपट्नम |
बड़ शहर | विशाखापट्टनम |
जिला | 13 |
रकबा[1] | |
• कुल | 162,970 किमी2 (62,920 बर्गमील) |
रकबा रैंक | 8वाँ |
जनसंख्या (2011)[2] | |
• कुल | 49,386,799 |
• रैंक | 10वाँ |
• जनघनत्व | 308/किमी2 (800/बर्गमील) |
निवासी नाँव | तेलुगु लोग / आंध्राइट |
GDP (2018–19)[3] | |
• कुल | ₹8.70 lakh crore (US$120 बिलियन) |
• प्रति ब्यक्ति | ₹142,054 (US$2,000) |
टाइम जोन | IST (यूटीसी+05:30) |
UN/LOCODE | AP |
गाड़ी नंबरप्लेट | AP |
साक्षरता दर | 67.41% (2011) |
ऑफिशियल भाषा | तेलुगु |
समुंद्री किनारा | 974 किलोमीटर (605 मील) |
वेबसाइट |
www |
^† The Andhra Pradesh Reorganisation Act, 2014 states that Hyderabad is common capital of both Telangana and Andhra Pradesh states for a period of time not exceeding 10 years. †† Common for Andhra Pradesh and Telangana. |
आंध्र प्रदेश भारत के 28 राज्य सब में से एगो राज्य बा। भारत के दक्खिन-पूरबी हिस्सा में मौजूद एह राज्य के रकबा लगभग 162,970 किमी2 (62,920 वर्ग मील) बाटे[4] आ एह तरीका से ई भारत के आठवाँ सभसे बड़हन राज्य बा। साल 2011 में भइल जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल आबादी 49,386,799 बा आ जनसंख्या अनुसार ई भारत के 10वाँ राज्य बाटे। एह राज्य के सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर विशाखपट्नम बा।
तारीख 2 जून 2014 के आंध्र प्रदेश के उत्तर-पच्छिमी हिस्सा एकरा से बिलग क दिहल गइल आ ओकरा के तेलंगाना नाँव से नाया राज्य बनावल गइल; लंबा समय से राजधानी रहल हैदराबाद शहर भूगोलीय रूप से तेलंगाना के भीतर आवे के कारन ओही में रह गइल हालाँकि, आंध्र प्रदेश पुनर्गठन एक्ट, 2014 के अनुसार ई बेवस्था कइल गइल कि कम से कम दस साल खाती आंध्र प्रदेश के कार्यकारी राजधानी हैदराबादे रही।[5] नई, वास्तविक राजधानी जे नदी के तीरे बिकसित कइल जा रहल बा अमरावती के नाँव से बा आ आंध्र प्रदेश राजधानी बिकास क्षेत्र (APCRDA) के अधीन बाटे[6]
आंध्र प्रदेश समुंद्र के किनारे मौजूद राज्य हवे आ एकर तटरेखा 974 किमी (605 मील) के लगभग लंबाई वाली बा – गुजरात के बाद भारत में एह मामिला में एकर दुसरा नमर बाटे – आ करीबन 15,000 किमी2 जलक्षेत्र एकरे राज्यक्षेत्र के हिस्सा हवे।[4][7] आंध्र प्रदेश के सीमा तेलंगाना से उत्तर-पच्छिम में, छत्तीसगढ़ आ ओडिशा से उत्तर-पूरुब में, पच्छिम में कर्नाटक से आ दक्खिन में तमिल नाडु से सटे ला आ एकरे पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी बाटे। केंद्र शासित प्रदेश पुद्दुचेरी के एगो हिस्सा यनम एह राज्य के अंदर एन्क्लेव के रूप में बा आ काकीनाड़ा क्षेत्र में गोदावरी डेल्टा के इलाका में बा।[8]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "SOCIO ECONOMIC SURVEY 2016–17" (PDF). AP State Portal. Government of Andhra Pradesh. प. 3. पहुँचतिथी 30 जून 2018.
- ↑ "Demography" (PDF). Official portal of Andhra Pradesh Government. Government of Andhra Pradesh.
- ↑ "Andhra Pradesh Budget Analysis 2018–19" (PDF). PRS Legislative Research. पहुँचतिथी 10 मार्च 2018.
- ↑ 4.0 4.1 "AP Socio-economic Survey 2016–17" (PDF). Official website of Government of Andhra Pradesh. Government of Andhra Pradesh.
- ↑ "The Andhra Pradesh Reorganisation Act, 2014" (PDF). India Code Legislative Department. Ministry of Law and Justice. 1 मार्च 2014. प. 2. पहुँचतिथी 14 July 2015.
- ↑ "Capital City be named as "Amaravati"" (PDF). Andhra Pradesh Capital Region Development Authority. Municipal Administration & Urban Development Department – Andhra Pradesh. 23 April 2015. ओरिजनल (PDF) से 14 May 2015 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 31 May 2015. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद) - ↑ "Length of coastline" (PDF). Ministry of Home Affairs. पहुँचतिथी 26 August 2016.
- ↑ "Yanam of Puducherry". Gov.t of Yanam. ओरिजनल से 13 May 2013 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 6 जून 2014. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद)
![]() | ई भारत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |