बिस्व धरोहर स्थल
बिस्व धरोहर स्थल (अंग्रेजी: World Heritage Site) कौनो अस्थान (जइसे की कौनों बिल्डिंग/भवन, शहर, कॉम्प्लेक्स, रेगिस्तान, जंगल, दीप, झील, स्मारक, भा पहाड़) होखे ला जेवन की यूनेस्को (UNESCO) की द्वारा सांस्कृतिक, प्राकृतिक या अइसने कौनों महत्व की कारन बिस्व धरोहर की लिस्ट में शामिल कइल जाला।[1] ई लिस्ट अंतरराष्ट्रीय बिस्व धरोहर प्रोग्राम की तहत, जौना के यूनेस्को के बिस्व धरोहर कमेटी चलावे ले आ जवन जनरल असेम्बली में चुनल 21 गो मेंबर देस सभ द्वारा बनावल जाले।[2]
जुलाई 2015 ले, एह लिस्ट में 1031 स्थल: 802 सांस्कृतिक, 197 प्राकृतिक, आ 32 गो मेरवन स्थल बाड़ें जेवन 163 देस में छिटाइल बाड़ें।[3][4] अगर देस अनुसार लिस्ट देखल जाय त, इटली में 51 स्थल बाड़ें आ ई पहिला नंबर पर बाटे। एकरा बाद, चीन (48), स्पेन (44), फ्रांस (41), जर्मनी (40), मैक्सिको (33), आ सातवाँ नंबर पर भारत (32) की साथ अगिला क्रम पर बाड़ें। यूनेस्को इनहन के एगो पहिचानक नंबर देला, आ अब नया सिस्टम में जेवन स्थल ई लिस्ट से बाहर हो गइल बाड़ें उन्हन के नंबर भी सुरक्षित राखल जाला जेवना से ई पहिचान नंबर कुल के संख्या 1200 से अधिका हो चुकल बाटे हालाँकि वर्तमान (लिस्ट) में अइसन स्थल सब के संख्या कम बाटे।
हर एक बिस्व धरोहर स्थल कानूनी रूप से ओही राज्य या राष्ट्र के हिस्सा मानल जाला जौना में ऊ मौजूद बाटे, बाकी यूनेस्को इनहन के सुरक्षा आ संरक्षण की दृष्टी से अंतरराष्ट्रीय समुदाय के सामूहिक इंट्रेस्ट के बिसय मानेला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "World Heritage".
- ↑ "The World Heritage Committee". UNESCO World Heritage Site. Retrieved 28 नवंबर 2015.
- ↑ World Heritage List, UNESCO World Heritage Sites official sites.
- ↑ Sites in Germany and Italy bring to 19 the number of sites inscribed on the World Heritage List this year, UNESCO World Heritage Sites official sites.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- विकिमीडिया कॉमन्स पर बिस्व धरोहर स्थल से संबंधित मीडिया
- UNESCO World Heritage List travel guide from Wikivoyage
- UNESCO World Heritage portal – Official website (अंग्रेजी में) आ {(फ्रेंच में)
- The World Heritage List – Official searchable list of all Inscribed Properties
- KML file of the World Heritage List – Official KML version of the list for Google Earth and NASA Worldwind
- Official overview of the World Heritage Forest Program
- Convention Concerning the Protection of the World Cultural and Natural Heritage – Official 1972 Convention Text in 7 languages
- The 1972 Convention at Law-Ref.org – Fully indexed and crosslinked with other documents
- Protected Planet — View all natural world heritage sites in the World Database on Protected Areas
- World Heritage Site – Smithsonian Ocean Portal
- Time magazine. The Oscars of the Environment – UNESCO World Heritage Site Archived 2013-08-24 at the Wayback Machine
- UNESCO chair in ICT to develop and promote sustainable tourism in World Heritage Sites
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |