वैष्णव संप्रदाय

विकिपीडिया से
वैष्णव संप्रदाय
Vishnu Surrounded by his Avatars
वैष्णव संप्रदाय हिंदू देवता विष्णु (बीचा में) आ उनके अवतार लोगन पर केंद्रित मत हवे।

वैष्णव संप्रदाय चाहे वैष्णव मत हिंदू धर्म के कई ठे संप्रदाय सभ में से एक ठो संप्रदाय हवे जे विष्णु के सभसे बड़ देवता आ ईश्वर माने ला, उनुके बाकी देवता लोगन के मुखिया के तरह माने ला; महाविष्णु के रूप में उनुकर कल्पना करे ला।[1][2] एह संप्रदाय के माने वाला लोग वैष्णव कहाला आ इनहनो लोग में आगे अउरी बिभाजन कृष्ण भक्ति शाखाराम भक्ति शाखा के रूप में होखे ला।[3][4] 2010 के एगो अनुमान जे जॉन्सन आ ग्रिम द्वारा लगावल गइल बाटे, में बतावल बा कि वैष्णव संप्रदाय हिंदू धर्म के सभसे बड़ संप्रदाय भा पंथ हवे जेके माने वाला लोग के गिनती करीबन 641 मिलियन (64.1 करोड़) बाटे जे कुल हिंदू लोगन के आबादी के 67.6 % बाटे।[5][6]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Pratapaditya Pal (1986). Indian Sculpture: Circa 500 BCE–700 CE. University of California Press. pp. 24–25. ISBN 978-0-520-05991-7.
  2. Stephan Schuhmacher (1994). The Encyclopedia of Eastern Philosophy and Religion: Buddhism, Hinduism, Taoism, Zen. Shambhala. p. 397. ISBN 978-0-87773-980-7.
  3. Hardy 1987.
  4. Flood 1996, p. 117.
  5. Johnson, Todd M.; Grim, Brian J. (2013). The World's Religions in Figures: An Introduction to International Religious Demography. John Wiley & Sons. p. 400. ISBN 978-1-118-32303-8.
  6. "Chapter 1 Global Religious Populations" (PDF). January 2012. Archived from the original (PDF) on 20 October 2013.

स्रोत ग्रंथ[संपादन करीं]