हिंदू संप्रदाय

विकिपीडिया से
(हिंदू धर्म के संप्रदाय से अनुप्रेषित)

हिंदू संप्रदाय, मत, शाखा, चाहे पंथ अइसन उपपरकार हवें जे हिंदू धर्म के भीतर पावल जालें आ कौनों देवता भा देवी बिसेस पर केंद्रित हवें जइसे कि विष्णु, शिव, शक्ति आ अउरी एही तरीका से। संप्रदाय शब्दावली के इस्तेमाल अइसन शाखा खातिर होखे ला जेकर कौनों बिसेस गुरु आ बिसेस दर्शन होखे।

हिंदू धर्म कौनों बिसेस रूप से केंद्रित मान्यता आ सिद्धांत वाला धरम ना हवे आ बहुत सारा हिंदू लोग एह ब्यापक नाँव के भीतर पावल जाए वाला शाखा भा मत के माने वाला के रूप में अपना के चीन्हे ला। चार गो बिसेस रूप से चलनसार परंपरा भा शाखा सभ में: वैष्णव, शैव, शाक्तस्मार्त संप्रदाय शामिल बाड़ें। इनहन के प्रमुख देवता आ रीति-रिवाज सभ में भिन्नता देखे के मिले ला।