सिराहा जिला

विकिपीडिया से
सिराहा जिला
Nickname: 
सिराहा जिल्ला
नेपाल के नक्शा प सिराहा जिला के लोकेशन
नेपाल के नक्शा प सिराहा जिला के लोकेशन
देस नेपाल
प्रदेशप्रदेश संख्या २
क्षेत्र*पूर्वांचल विकास क्षेत्र
अंचल*सगरमाथा
सदरमुकामसिराहा
Area
 • Total1,188 किमी2 (459 बर्ग मील)
Population
 (2011)
 • Total637,328
 • Density540/किमी2 (1,400/बर्ग मील)
Time zoneUTC+5:45 (नेपाल समय)
Websitehttp://ddcsiraha.gov.np
*नेपाल के नाया प्रशासनिक ब्यवस्था में बिकास क्षेत्र आ अंचल के हटा के सीधे प्रदेश आ जिला में बाँट दिहल गइल बा।

सिराहा जिला नेपाल के प्रदेश संख्या २ के 8 गो जिला सभ में से एगो जिला बा, जबकि नेपाल देस में कुल अइसन 75 गो जिला बाड़ें। एह जिला के मुख्यालय (सदरमोकाम) सिराहा नगरपालिका बाटे आ जिला के क्षेत्रफल 1,228 किमी² बाटे। साल 2011 के जनगणना के हिसाब से एह जिला के कुल जनसंख्या 6,37,328 बाटे।[1] जिला के भूगोलीय लोकेशन नेपाल के दक्खिन-पूरबी इलाका में बा आ एह जिला के दक्खिनी सीमा भारतीय राज्य बिहार के साथे जुड़े ला। नेपाल के पुराना प्रशासनिक बिभाजन ब्यवस्था में ई जिला पूर्वांचल विकास क्षेत्र के सगरमाथा अंचल में पड़े।

प्रशासन[संपादन करीं]

प्रशासनिक विभाजन[संपादन करीं]

सिराहा जिला के पुराना प्रशासनिक बिभाजन; गाविस आ नगरपालिका सभ

ई जिला में 8 गो नगरपालिका आ 9 गो गाँवपालिका सभ बाड़े। गाँवपालिका सभ के भी कई गो वार्ड में बाँटल गइल बा। गाँवपालिका के स्थानीय प्रशासन अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष लोग द्वारा होला।

जिला के नक्शा नगरपालिका सभ गाँवपालिका सभ

गाँउ बिकास समिति (गाविस)[संपादन करीं]

वर्तमान में नगरपालिका आ गाँवपालिका में बिभाजन से पहिले, नेपाल में, आ सिराहा जिलवो में, सभसे छोट इकाई गाँव विकास समीति के रहल। ओह समय में सिराहा जिला में कुल 101 ठो गाविस रहलीं सऽ। एह गाविस सभ के लिस्ट नीचे दिहल जात बा:

भूगोल[संपादन करीं]

नेपाल के जलवायु, कोपेन के हिसाब से

सिराहा जिला के लोकेशन लगभग 26.55 N से 26.93 N अक्षांस आ 86.102 E से 86.519 E देशांतर के बीच बा। एह जिला के आकृति लगभग चौकोर बा। एकर पच्छिमी सीमा कमला नदी द्वारा आ पूरबी सीमा काफी दूर ले भुतही बालन नदी द्वारा बनावल जाले।

भूगोलीय हिसाब से सिराहा जिला नेपाल के तराई वाला इलाका में पड़े ला।[2] तराई के शाब्दिक अरथ नम जमीन वाला इलाका होला; ई पूरा नेपाल के दक्खिनी हिस्सा में, पहाड़ी ढाल के ठीक नीचे के समथर जमीन वाला इलाका हवे।[3] एह इलाका में ढाल अचानक से पहाड़ी तेज ढाल के बाद, समथर जमीन पावे पर कम हो जाला, एह कारण बाढ़ के संभावना बहुत रहे ले।

सिराहा जिला के औसत ढाल भी उत्तर से दक्खिन के ओर बा आ इहाँ से गुजरे वाली नदी , उत्तर के पहाड़ी इलाका सभ से निकल के दक्खिन ओर के बहे लीं। आगे जा के ई भारतीय राज्य बिहार में प्रवेश करे लीं आ सभ नदी, गंगा थाला के हिस्सा हईं। सिराहा जिला के प्रमुख नदी सभ में कमला नदी, बलान नदी, त्रिशुला नदी, आ गागन नदी बाड़ी सऽ।

हावापानी[संपादन करीं]

जलवायु बिभाग[4] ऊँचाई रेंज % क्षेत्रफल
निचली उष्णकटिबंधी 300 मीटर (1,000 फीट) से नीचे 90.5%
ऊपरी उष्णकटिबंधी 300 से 1,000 मीटर
1,000 से 3,300 फीट
 9.5%

कोपेन के जलवायु बर्गीकरण के हिसाब से ई इलाका नम उष्णकटिबंधी जलवायु (Cwa) कटेगरी में रखल जाला।[5][6] कोपेनहेगन विश्वविद्यालय के एगो अध्ययन, जेह में नेपाल के संभावित बनस्पति क्षेत्र सभ के अध्ययन कइल गइल रहे आ एह में हावापानी के नकशा भी बनावल गइल, एह अध्ययन के मोताबिक बनावल नक्शा के अनुसार इहाँ के जलवायु के निचला उष्णकटिबंधी जलवायुऊपरी उष्णकटिबंधी जलवायु नाँव के दू बर्ग में रखल गइल बा[7] एह दुन्नो तरह के जलवायु के बीच में बिभाजन रेखा 300 मीटर (1,000 फीट) के ऊँचाई के मानल गइल बा, एकरे हिसाब से सिराहा जिला के लगभग 90 प्रतिशत हिस्सा निचला उष्णकटिबंधी जलवायु वाला हवे।

नीचे सिराहा शहर के तापमान आ बरखा के आँकड़ा प्रस्तुत कइल गइल बा।[8] देखल जाय त साफ बा कि सभसे ठंढा महिन्ना जनवरी के होला जेह में औसत तापमान 15.7 °C (60.3 °F) होला; सभसे गरम महीना जून के होला जवना में औसत ताप 29.4 °C (84.9 °F) तक ले चहुँपे ला। एही तरह से बरखा सभसे कम दिसंबर में आ सभसे ढेर जुलाई (341 सेंटीमीटर) आ अगस्त (336 सेंटीमीटर) होला; बरखा के सीजन बीच जून से बीच अक्टूबर ले होला आ मानसूनी बरखा होखे ले। साल के औसत बरखा 1,221 सेंटीमीटर (480 इंच) होला।

सिराहा खातिर जलवायु आँकड़ा
महीना जन फर मार्च अप्रै मई जून जुला अग सित अक्टू नवं दिस सालभर
डेली औसत °C 15.7 17.9 22.7 27.7 29.3 29.4 28.9 28.5 27.8 26.4 21.5 16.9 24.39
औसत बरखा सेमी 16 6 12 21 21 218 341 336 170 72 7 1 1,221
डेली औसत °F 60.3 64.2 72.9 81.9 84.7 84.9 84 83.3 82 79.5 70.7 62.4 75.9
औसत बरखा इंच 6.3 2.4 4.7 8.3 8.3 85.8 134.3 132.3 66.9 28.3 2.8 0.4 480.8
Source: [8]

जनसांख्यिकी[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना आँकड़ा[9] सिराहा जिला के कुल जनसंख्या 637,328 रहल आ ई लोग कुल 117,962 परिवार में निवास करत रहलें। एह में से मरदाना लोग के जनसंख्या 310,101 रहल आ औरतन के संख्या 327,227 रहल। एह तरीका से प्रति परिवार बेकती के संख्या 5.40 रहल आ मानव लिंगानुपात 94.77 औरत प्रति सैकड़ा मरद रहल।

मानव बिकास सूचकांक के अनुसार 1991 के एगो रपट में सिराहा के एचडीआई इंडेक्स 0.32344 दर्ज कइल गइल।[10]

समाज आ संस्कृति[संपादन करीं]

सिराहा जिला के समाज हिंदू बहुल समाज हवे। इहाँ हिन्दू, मुस्लिम, बौद्धईसाई लोग निवास करे ला। धार्मिक आधार पर देखल जाय त एगो सर्वे के अनुसार सिराहा जिला में मुसलमान लोग के जनसंख्या 47566 रहल जे कुल जनसंख्या के 7.46 प्रतिशत रहल।[11] जातीय हिसाब से इहाँ यादव, खत्वे, कायस्थ, कथवनिया, मलाह, नेवार, तामांग, अमात, कोइर, तेली, डोम, मुसहर, दुसाध, चमार, तत्मा, धोबी आदि जाति के बहुलता देखल जाला।

लगभग सगरी हिंदू तिहुआर इहाँ धूमधाम से मनावल जालें जेह में होली, दिपावली, संक्रांति, छठ, करवा चौथ वगैरह तिहुआर प्रमुख बाने।

पर्यटन[संपादन करीं]

सिराहा जिला में देखे लायक आ घूमे लायक कई जगह गिनावल जा सके ला। लहान बजार, नया साल के समय फुलबारी, कमला दह, कमला नदी, मानिक दह, सलहेश मंदिर, तरेंगा जंगल, बाबा ताल आ पकड़िया गाद वगैरह देखल जा सके ला।[12] हालाँकि, पर्यटक लोग के सुरक्षित रहे के सलाह दिहल जाला काहें कि इहाँ राजनीतिक रैली आ बंद, आ अउरी कई किसिम के अपराध के खतरा रहे ला।[13]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "National Population and Housing Census 2011(National Report)" (PDF). Central Bureau of Statistics (Nepal). Government of Nepal. 2012. Archived from the original (PDF) on 2013-04-18.
  2. "Adoption of Improved Rice Varieties in the Tarai Region of Nepal | SpringerLink". Link.springer.com. 11 फरवरी 2014. Retrieved 31 जनवरी 2018.
  3. Editors, The. "Tarai | region, Asia" (अंग्रेजी में). Britannica.com. Retrieved 31 जनवरी 2018. {{cite web}}: |last= has generic name (help)
  4. The Map of Potential Vegetation of Nepal - a forestry/agroecological/biodiversity classification system (PDF), . Forest & Landscape Development and Environment Series 2-2005 and CFC-TIS Document Series No.110., 2005, ISBN 87-7903-210-9, archived from the original (PDF) on 2013-12-03, retrieved 22 नवंबर 2013
  5. "File:Nepal map of Köppen climate classification.svg - Wikimedia Commons" (अंग्रेजी में). Commons.wikimedia.org. Retrieved 31 जनवरी 2018.
  6. "Climate of Nepal: Temperature, Climograph, Climate table for Nepal - Climate-Data.org". En.climate-data.org. Retrieved 31 जनवरी 2018.
  7. Lillesø, Jens-Peter Barnekow; Shrestha, Tirtha B.; Dhakal, Lokendra P.; Nayaju, Ratna P.; Shrestha, Rabin (2005). "The Map of Potential Vegetation of Nepal" (PDF). Development and Environment (अंग्रेजी में). Center for Skov, Landskab og Planlægning/Københavns Universitet (2). Archived from the original (pdf) on 2013-12-03. Retrieved 2018-01-31.
  8. 8.0 8.1 "Climate: Siraha". Retrieved 31 जनवरी 2018.
  9. "National Population and Housing Census 2011 (NPHC2011), Volume 06" (PDF). cbs.gov.np (अंग्रेजी में). काठमांडो, नेपाल: Central Bureau of Statistics, Government of Nepal. 1 मार्च 2014. Archived from the original (pdf) on 2018-02-05. Retrieved 31 जनवरी 2018.
  10. "आर्काइव कॉपी के बा" (PDF). Archived from the original (PDF) on 2016-03-16. Retrieved 2018-01-31.
  11. "National Muslim Commission". Nmc.gov.np. 12 जनवरी 2017. Archived from the original on 2018-01-16. Retrieved 31 जनवरी 2018.
  12. Jitendra Sahayogee. "10 Places to Visit in Siraha, Nepal". ImNepal.com. Retrieved 31 जनवरी 2018.
  13. https://www.discoverworld.com/Nepal/Eastern-Development-Region/Sagarmatha-Zone/Siraha-District/Siraha:Need-to-Know#Safety-Security[मुर्दा कड़ी]