औरही गाँवपालिका
औरही
Aurahi | |
|---|---|
| देश | |
| प्रदेश | प्रदेश संख्या २ |
| जिला | सिराहा जिला |
| स्थापना | २७ फाल्गुण २०७३ |
| Government | |
| • Type | स्थानीय सरकार |
| • Body | गांव कार्यपालिका |
| • अध्यक्ष | सिद्धार्थ यादव (माओवादी केन्द्र)[1] |
| • उपाध्यक्ष | सीता कुमारी यादव (कांग्रेस) |
| Area | |
| • Total | 35.87 किमी2 (13.85 बर्ग मील) |
| Population (2073) | |
| • Total | 23,046 |
| • Density | 640/किमी2 (1,700/बर्ग मील) |
| Time zone | UTC+5:45 (नेपाल के प्रमाणिक समय) |
| Area code | +977-33 |
| केन्द्र | पहिले के औरही गाविस के कार्यालय |
नेपाल में नेपालके नया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से सिराहा जिला के पहिले के औरही, हरकट्टी, पिपरा प्रपि, तुलसीपुर आ इटाटार गांव विकास समिति सभ के मिला के औरही गांवपालिका बनल ह।[2] ई गांवपालिका में 5 गो वार्ड बा। इ गांवपालिका के कूल जनसंख्या 23,046 बा आ क्षेत्रफल 35.87 वर्गकिलोमिटर बाटे । एकर केंद्र पहिले के औरही गाविस के कार्यालय मे राखल गइल बा। इ गांवपालिका के उत्तर मे सुखीपुर नगरपालिका, अर्नमा गांवपालिका, दक्खिन मे भारत पुरब मे बरियारपट्टी गांवपालिका आ पश्चिम मे सिराहा नगरपालिका बाटे! [3]
भौगोलिक अवस्थिति
[संपादन करीं]औरही गांवपालिका नेपाल के सिराहा जिला के हिस्सा हवे आ ई नेपाल में दक्खिनी-पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई इलाका नेपाल के तराई वाला इलाका हवे, मने कि पहाड़ प्रदेश के दक्खिन में समथर जमीन वाला इलाका हऽ। इहाँ के जलवायु के निचला उष्णकटिबंधी जलवायु में रखल गइल बा[4] हालाँकि, कोपेन के जलवायु बर्गीकरण के हिसाब से ई इलाका Cwb कटेगरी में रखल जाला।
इहा 2012 मइ महीना मे औरही गांव मे बहुत बड़का हादसा भेल रहे जवन मे बहुत भारी नुकसान इइहा के लोगन के भइल रहे धनमाल त का कहि 3-4 हजार घर भी जलकर राख भइल रहे। जवन निरिक्षण खातिर बिहारी नेता सभ आ नेपाल सरकार के तत्कालीन प्रधानमन्त्री डा• बाबूराम भट्टराई भी दौरा कइने रहे।[5]
प्रशासन
[संपादन करीं]नेपाल के बाकी गाँवपालिका सभ नियर, औरही गाँवपालिका में भी स्थानीय प्रशासन के ब्यवस्था बा। इहवों, गाँवपालिका के एक ठो कार्यालय बा आ गाँवपालिका के स्थानीय प्रशासन गांव कार्यपालिका द्वारा चलावल जाला जेकर अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष चुनल जाला लोग।
गाँवपालिका में आवे वाला गाँव सभ, जिनहन के पाहिले गाँउ बिकास समीति (गाविस) कहल जाय, के कुल संख्या आ नाँव नीचे दिहल गइल बा:
| गिनती | गाँव के नाँव |
|---|---|
| 1. | औरही |
| 2. | हरकट्टी |
| 3. | पिपरा प्रपि |
| 4. | तुलसीपुर |
| 5. | इटाटार |
जातीयता
[संपादन करीं]इहा यादव, सुड़ी, दुसाध, चमार, मलाह, तेली, डोम, मुसहर, दोनवार आदि जातजातिके बस्ती हबे ।
धर्म
[संपादन करीं]इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ https://www.onlinekhabar.com/2017/09/628156
- ↑ "गांवपालिका व नगरपालिका कौन जिला मे कितना?". लोकान्तर. 25 January 2018. Retrieved 25 January 2018.
{{cite news}}: External link in(help)|ref= - ↑ "स्थानीय तह के विवरण". सङ्घीय मामिला तथा स्थानीय विकास मन्त्रालय. नेपाल सरकार. Archived from the original on 17 March 2019. Retrieved 25 January 2018.
- ↑ Lillesø, Jens-Peter Barnekow; Shrestha, Tirtha B.; Dhakal, Lokendra P.; Nayaju, Ratna P.; Shrestha, Rabin (2005). "The Map of Potential Vegetation of Nepal" (PDF). Development and Environment (अंग्रेजी में) (2). Center for Skov, Landskab og Planlægning/Københavns Universitet. Archived from the original (pdf) on 2013-12-03. Retrieved 2018-01-30.
- ↑ http://www.nepalitimes.com/blogs/thebrief/2012/05/16/relief-for-fire-gutted-village/
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- जिला समन्वय समिति के कार्यालय, सिराहा, नेपाल Archived 2020-06-09 at the Wayback Machine