बरियारपट्टी गाँवपालिका

विकिपीडिया से
(जानकीनगर, सिराहा से अनुप्रेषित)
बरियारपट्टी
Bariyarpatti
देश नेपाल
प्रदेशप्रदेश संख्या २
जिलासिराहा जिला
स्थापना27 फागुन 2073
Government
 • Typeस्थानीय सरकार
 • Bodyगांव कार्यपालिका
 • अध्यक्षसंतोष कुमार महतो (ससफो)[1]
 • उपाध्यक्षशोभा कुमारी यादव
Area
 • Total37.72 किमी2 (14.56 बर्ग मील)
Population
 (2073)
 • Total25,256
 • Density670/किमी2 (1,700/बर्ग मील)
Time zoneUTC+5:45 (नेपाल के प्रमाणिक समय)
डाक कोड
56506
Area code+977-33
केन्द्रपहिले के बरियारपट्टी गाविस के कार्यालय
Websitebariyapattimun.gov.np

बरियारपट्टी नेपाल के प्रदेश संख्या 2 के सिराहा जिला में स्थित एगो गाँवपालिका बा। नेपाल में नाया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से सिराहा जिला के पहिले के कचनारी, जानकीनगर, बरियारपट्टी, तेनुवापट्टी आ जिझौल गांव विकास समिति सभ के मिला के बरियारपट्टी गांवपालिका बनल ह।[2] ई गांवपालिका में अब 5 गो वार्ड बाड़ें।

इ गांवपालिका के कूल जनसंख्या 25,256 बा आ क्षेत्रफल 37.72 वर्गकिलोमिटर बाटे। एकर केंद्र पहिले के बरियारपट्टी गाविस के कार्यालय मे राखल गइल बा। एह गांवपालिका के उत्तर मे सुखीपुर नगरपालिका, लक्ष्मीपुर पतारी गांवपालिका, दक्खिन मे भारत पुरब मे नवराजपुर गांवपालिका आ पश्चिम मे औरही गांवपालिका बाटे। [3]

भूगोल[संपादन करीं]

बरियारपट्टी गांवपालिका नेपाल के सिराहा जिला के हिस्सा हवे आ ई नेपाल में दक्खिनी-पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई इलाका नेपाल के तराई वाला इलाका हवे, मने कि पहाड़ प्रदेश के दक्खिन में समथर जमीन वाला इलाका हऽ।

कोपेनहेगन विश्वविद्यालय के एगो अध्ययन, जेह में नेपाल के संभावित बनस्पति क्षेत्र सभ के अध्ययन कइल गइल रहे आ एह में हावापानी के नकशा भी बनावल गइल, एह अध्ययन के मोताबिक बनावल नक्शा के अनुसार इहाँ के जलवायु के निचला उष्णकटिबंधी जलवायु में रखल गइल बा[4] हालाँकि, कोपेन के जलवायु बर्गीकरण के हिसाब से ई इलाका नम उष्णकटिबंधी जलवायु (Cwa) कटेगरी में रखल जाला।[5][6]

स्थानिय प्रशासन आ शामिल इकाई सभ[संपादन करीं]

नेपाल के बाकी गाँवपालिका सभ नियर, बरियारपट्टी गाँवपालिका में भी स्थानीय प्रशासन के ब्यवस्था बा। इहवों, गाँवपालिका के एक ठो कार्यालय बा आ गाँवपालिका के स्थानीय प्रशासन गांव कार्यपालिका द्वारा चलावल जाला जेकर अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष चुनाव होकर चुनल जाला।

गिनती गाँव के नाँव कुल जनसंख्या (2011)[7]
1. कचनारी 6,480
2. जानकीनगर 4,441
3. बरियारपट्टी 5,129
4. तेनुवापट्टी 4,240
5. जिझौल 4,996

गाँवपालिका में आवे वाला गाँव सभ, जिनहन के पाहिले गाँउ बिकास समीति (गाविस) कहल जाय, के बिबरन नीचे दिहल गइल बा:

कचनारी[संपादन करीं]

बरियारपट्टी गाँवपालिका के इकाई बा। पहिले ई कचनारी गाविस के रूप में रहल। नेपालके सन 2011 के जनगणना अनुसार कचनारी के 1,016 घर मे कूल जनसंख्या 6,480 बाटे। एह में मरदाना लोग के संख्या 3,252 आ औरत लोग के संख्या 3,228 बा।[7]

जानकीनगर[संपादन करीं]

बरियारपट्टी गाँवपालिका के इकाई बा। पहिले ई जानकीनगर गाविस के रूप में रहल। नेपालके सन 2011 के जनगणना अनुसार जानकीनगर के 723 घर मे कूल जनसंख्या 4,441 बाटे। एह में मरदाना लोग के संख्या 2,189 आ औरत लोग के संख्या 2,222 बा।

बरियारपट्टी[संपादन करीं]

बरियारपट्टी, जे पहिले के ब्यवस्था में खुद एगो गाँवबिकास समिति रहल, अब अपनहीं नाँव के गाँवपालिका के इकाई भी बा। नेपालके सन 2011 के जनगणना अनुसार इहाँ के 906 घर मे कूल जनसंख्या 5,129 बाटे। एह में मरदाना लोग के संख्या 2,535 आ औरत लोग के संख्या 2,594 बा।[7]

तेनुआपट्टी[संपादन करीं]

बरियारपट्टी गाँवपालिका के इकाई बा। पहिले ई तेनुआपट्टी गाविस के रूप में रहल। नेपाल के सन 2011 के जनगणना अनुसार तेनुआपट्टी के 750 घर मे कूल जनसंख्या 4,240 बाटे। एह में मरदाना लोग के संख्या 2,034 आ औरत लोग के संख्या 2,206 बा।[7]

जिझौल[संपादन करीं]

बरियारपट्टी गाँवपालिका के इकाई बा। पहिले ई जिझौल गाविस के रूप में रहल। नेपालके सन 2011 के जनगणना अनुसार जिझौल के 860 घर मे कूल जनसंख्या 4,996 बाटे। एह में मरदाना लोग के संख्या 2,495 आ औरत लोग के संख्या 2,501 बा।[7]

समाज आ संस्कृति[संपादन करीं]

बरियारपट्टी में प्रमुख रूप से हिन्दू, मुस्लिमइसाई के माने वाला लोग निवास करत बा। जातीय बर्गीकरण देखल जाय तब इहाँ, यादव, कथवनिया, कोइर, दुसाध, चमार, मलाह, तेली, डोम, मुसहर, दोनवार आदि जाति के बस्ती बाटे।

हिंदू धर्म के लगभग सगरी परब-तिहुआर इहाँ मनावल जाला, जेह में संक्रांति, होली, दिपावली वगैरह प्रमुख तिहुआर बाड़ें।

यातायात[संपादन करीं]

बरियारपट्टी गांव मे सगरमाथा बस व्यवसायी संघ के एक ठो छोट टर्मिनल बा जहाँ से लोकल बस जीरोमाइल, लहान आ खोक्सी होके भी लहान तथा सिराहा तक जायेला। दिवा सेवा छोट सबारी जौन सुबह मे खोक्सी से सिंधुली होके काठमांडू तक जाला आ रात्रि सेवा भी खोक्सी से काठमांडू तक जाला।

हटिया सभ[संपादन करीं]

  • बरियारपट्टी हटिया: रविवार आ गुरुवार
  • खोक्सी हटिया: रविवार आ गुरुवार
  • तेनुवापट्टी हटिया: बुधवार आ शनिवार सायंकाल लागेला इहा साग-सब्जी के साथ-साथ शराब के बढि़या व्यापार होला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "अव 4 स्थानीय तहको मत परिणाम आउन बाँकी, कुन दलको पोल्टामा कति ?( सूचीसहित )". Hamrakura.com. 2017-09-25. Retrieved 2018-01-31.
  2. "गांवपालिका व नगरपालिका कौन जिला मे कितना?". लोकान्तर. 25 January 2018. Retrieved 25 January 2018. {{cite news}}: External link in |ref= (help)
  3. "स्थानीय तह के विवरण". सङ्घीय मामिला तथा स्थानीय विकास मन्त्रालय. नेपाल सरकार. Retrieved 25 January 2018.
  4. Lillesø, Jens-Peter Barnekow; Shrestha, Tirtha B.; Dhakal, Lokendra P.; Nayaju, Ratna P.; Shrestha, Rabin (2005). "The Map of Potential Vegetation of Nepal" (PDF). Development and Environment (अंग्रेजी में). Center for Skov, Landskab og Planlægning/Københavns Universitet (2). Archived from the original (pdf) on 2013-12-03. Retrieved 2018-01-31.
  5. "File:Nepal map of Köppen climate classification.svg - Wikimedia Commons" (अंग्रेजी में). Commons.wikimedia.org. Retrieved 2018-01-31.
  6. "Climate of Nepal: Temperature, Climograph, Climate table for Nepal - Climate-Data.org". En.climate-data.org. Retrieved 2018-01-31.
  7. 7.0 7.1 7.2 7.3 7.4 "नेपाल के राष्ट्रिय जनगणना २०६८ (गाविस तह)" (PDF). नेपाल सरकार. राष्ट्रिय योजना आयोग. 2012. Archived from the original (PDF) on 2016-02-02. Retrieved 2018-01-31.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]