गाँव विकास समिति

विकिपीडिया से
(गांव विकास समिति से अनुप्रेषित)
इ लेख एगो हिस्सा ह:
नेपाल
के राजनीति आ सरकार

(श्रृंखला के)

गाँव विकास समिति (नेपाली: गाउँ विकास समिति) (गाविस) नेपाल के स्थानीय तह के सबसे निचली प्रशासनिक इकाई रहल। ई गांव स्तर के इकाई लगभग हर गांव में होत रहल। एगो जिला में कईयन गो गांव विकास समिति रहत रहल। जैसे शहर के प्रशासनिक इकाई नगरपालिका होला, वैसे ही गांव खातिर गांव विकास समिति होत रहल। पूरा नेपाल में लगभग 3,157 गांव विकास समिति रहल।[1][2] हर गाविस कईयन गो वार्ड (नेपाली: वडा) में बँटल रहत रहल। वार्ड जनसंख्या के हिसाब से बनावल जात रहल। वार्ड सभ के अधिकतम संख्या 9 रहल।

गाविस भंग (रद्द)[संपादन करीं]

गाविस 10 मार्च 2017 के भंग कर दिहल गइल। आ गाविस के जगह गांवपालिका लागू कर दिहल गइल।[3] सभन से पहिले, ग्राम पंचायत या पंचायत होत रहल, ओ के भंग कर के गाविस बना दिहल गइल, अब गाविस भंग कर के गांवपालिका कर दिहल गइल बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Village Development Committees (VDCs) in Nepal - list & details • TechSansar.com". Archived from the original on 2015-07-14. Retrieved 2015-07-14.
  2. [http://mofald.gov.np/page.php?id=224 Government of Nepal, Ministry of Federal Affairs and Local Development] Archived 2 नवंबर 2014 at the Wayback Machine
  3. "Government announces dissolution of VDCs, birth of village councils". Online Khabar. Archived from the original on 12 April 2017. Retrieved 12 April 2017.