नेपाल के संबिधान

विकिपीडिया से
नेपाल के प्रदेश
Provinces of Nepal 2015.png
श्रेणीप्रदेश
लोकेशनसंघीय लोकतांत्रिक गणराज्य नेपाल
निर्माण20 सितंबर 2015
संख्या7
सरकारगवर्नर
मुख्यमंत्री
उपबिभागजिला
इ लेख एगो हिस्सा ह:
नेपाल
के राजनीति आ सरकार

(श्रृंखला के)

नेपाल के संविधान 2015 (नेपाली:नेपालको संविधान 2072) (2072 विक्रम संवत के साल ह ग्रेगोरियन वर्ष 2015 खातिर) नेपाल के हाल में बनके लागू भइल संविधान ह। ई संविधान नेपाल के संविधान सभा द्वारा बनाइल गइल ह। ई जनता के प्रतिनिधि द्वारा पारित भइल पहिलका आ नेपाल के सातम संविधान ह‌इ । संविधान सभा के दुसरका निर्वाचन से निर्वाचित संविधान सभा द्वारा 2015 के सितम्बर 20 तारीख के ई संविधान दुइ- तिहाई से अधिक मत से पारित भइल रहे। साथे-साथ नेपाल के इतिहास मे जनता के सहमति से मसौदा तैयार करके बनल ई संविधान नेपाल के पहिलका आ दुनिया के सबसे पूरनका संविधान बाटे । तराई भाग के कुछ जिला सभ मे कुछ लोगन के द्वारा एकरा विरुद्ध मे आवाज उठावल ज‌इबा' के बावजूद नब्बे प्रतिशत से अधिक के बहुमत से राष्ट्रपति द्वारा एकर घोषणा भइल। ।[1] ई संविधान 2015, सितम्बर 21 तारीख के संविधान सभा के बहुमत सदस्यन द्वारा हस्ताक्षर भइला के बाद सभाध्यक्ष द्वारा पृष्ठांकित ओ प्रमाणणित करल गइल रहे । संविधान 2015, सितम्बर 23 तारीख के नेपाल के राष्ट्रपति रामवरण यादव के द्वारा नेपाल के संविधान 2015 पर हस्ताक्षर करला' के बादे संविधान जारी हो गइल आओर घोषणा के साथे लागू हो गइल। बी बी सी नेपाली सेवा के अनुसार:[2] ई संविधान मे 35 भाग 308 गो धारा आ 9 गो अनुसूची सभ बाटे । ई संविधान नेपाल के पहिलका हाली धर्म निरपेक्ष राज्य घोषित कइले बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. कान्तिपुर दैनिक "पारित भयो नेपालको संविधान". Retrieved 30 सितंबर 2015.सेतोपाटी अनलाइन "नेपालको संविधान दुई तिहाइ बहुमतद्वारा पारित". Retrieved 30 सितंबर 2015.अन्नपूर्ण पोष्ट दैनिक "नेपालको नयाँ संविधान अत्यधिक बहुमत ले पारित". Retrieved 30 सितंबर 2015.
  2. "राष्ट्रपति द्वारा संविधान जारी भएको घोषणा". Retrieved 20 सितंबर 2015.