रसड़ा
रसड़ा
Rasra | |
---|---|
शहर | |
Coordinates: 25°51′N 83°51′E / 25.85°N 83.85°Eनिर्देशांक: 25°51′N 83°51′E / 25.85°N 83.85°E | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
जिला | बलियाँँ |
Elevation | 55 m (180 ft) |
Population (2001) | |
• Total | 29,263 |
भाषा | |
• सरकारी | हिंदी |
• लोकल | भोजपुरी |
Time zone | UTC+5:30 (भारतीय) |
पिनकोड | 221712 |
Vehicle registration | UP–60 |
रसड़ा (अंग्रेजी: Rasra) भारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में बलियाँ जिला में एगो शहर बा। ई आपने नाँव की तहसील क मुख्यालय ह। इहाँ नाथ बाबा मंदिर देखे लायक धार्मिक अस्थान बा। इहाँ अनाज क मंडी आ अउरी सामन क बाजार ए इलाका की आर्थिक जीवन खातिर महत्वपूर्ण बा।
भूगोल
[संपादन करीं]रसड़ा क लोकेशन 25° 51' उत्तरी अक्षांश आ 83° 51' पूरबी देशांतर बा आ समुद्र तल से ऊँचाई 54 मीटर बा।[1] जिला मुख्यालय बलियाँ से इहाँ क दूरी 33 किलोमीटर बा आ बनारस से वाया मऊ इहाँ के दूरी 142 किलोमीटर बा।[2] रसड़ा नगर पालिका की अन्दर लगभग 6 वर्ग किलोमीटर क्षेत्र आवेला[3] प्राकृतिक भूगोल कि दृष्टि से ई शहर मध्य गंगा मैदान क हिस्सा हवे आ इहवाँ जलोढ़ निक्षेप के चट्टान मिलेला। आसपास दोमट आ बलुई दोमत माटी पावल जाला आ कहीं कहीं ऊसर मिलेला। ताल ए इलाका कि चारो ओर थोड़ी-थोड़ी दूरी पर पावल जाला। बसनही नदी रसड़ा की लगे से हो के बहेले जेवन आगे जा के गंगा जी में मिल जाले। जलवायु नम प्रकार के बा आ बसंत, गर्मी, बरखाऋतु, आ जाड़ा के चार गो मौसम होला। साल भर में औसत बरखा 100 सेंटीमीटर की आसपास होले।
प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला बन अब समाप्त हो गइल बाड़े। बड़ पेड़न में आम, महुआ, नीबि, बरगद, पीपर, पाकड़, गूलरि, इमिली, आ अर्जुन क पेड़ मिलेलें। नया वृक्षारोपण में ज्यादातर पेड़ सफ़ेदा, बिलायती बबुर, आ शिरिष के लगावल गइल बा।
जनसंख्या
[संपादन करीं]रसड़ा क जनसंख्या 1971 में 14,042 रहे जवन 1991 में बढ़ के 23,865; आ 2001 में 29,238 आ 2011 में बढ़ के 31,765 हो गइल बा।[4]
देखे लायक अस्थान
[संपादन करीं]- नाथ बाबा मंदिर — रसड़ा की पच्छिम ओर लगभग सौ साल पुरान मंदिर बा। इहाँ एगो पोखरा बा जवना कि तीरे कुआर महीना की दशमी के दशहरा क मेला लागेला आ रावण जरावल जाला।
- रोशन शाह दरगाह — रसड़ा की पच्छिम ओर नाथ बाबा की मंदिर से सटले एगो दरगाह बा जहाँ हर साल मोहर्रम की बाद बाबा क उर्स मनावल जाला।
- लखनेसर डीह - रसड़ा तहसील में, शहर से कुछे दूरी पर एगो इतिहासी महत्व के जगह बाटे। लखनेसर डीह नाम के शंकर जी के शिवलिंग बा जेकरे बारे में मानल जाला की एकर स्थापना लक्क्षमन जी बनवास के समय कइले रहलें।[5] ई बहुत प्रसिद्ध मंदिर ह, एही मंदिर के लगे भगवान विष्णु क प्राचीन मंदिर बाटे जेह में अष्टधातु क मुर्ती बा आ ई पुरातत्व बिभाग के अधीन बा।
अउरी पढल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Maps, Weather, and Airports for Rasra, India". Fallingrain.com. Retrieved 2017-10-30.
- ↑ पूर्वी उत्तरप्रदेश पर्यटन | http://www.easternuptourism.com/Rasra.jsp
- ↑ "Rasra (Ballia, Uttar Pradesh, India) - Population Statistics, Charts, Map, Location, Weather and Web Information". Citypopulation.de. Retrieved 2017-10-30.
- ↑ पूर्वी उत्तरप्रदेश पर्यटन | जनसंख्या, citypopulation.de से लिहल आँकड़ा।
- ↑ बालियाँ जिला के इतिहास, जिला के ऑफिशियल वेबसाइट पर।