Jump to content

भूगोलवेत्ता

विकिपीडिया से
दि ज्यॉग्रफर (1668–69), योहानेस वर्मीयर के बनावल पेंटिंग।

भूगोलवेत्ता (अंग्रेजी: geographer; ज्यॉग्रफर भा जियोग्राफर) ऊ व्यक्ति होला जे भौतिक बिज्ञान, सामाजिक बिज्ञान चाहे मानविकी से जुड़ल होखेला, आ जेकर अध्ययन क्षेत्र भूगोल होला—मतलब धरती के प्राकृतिक पर्यावरणमानव समाज के अध्ययन, आ दूनो के बीच के आपसी संबंध। ग्रीक उपसर्ग “जियो” के मतलब “धरती” होला आ “ग्राफी” के मतलब “वर्णन”, एही से जियोग्राफर मतलब धरती के अध्ययन करे वाला व्यक्ति होखे ला।[1] “जियोग्राफी” शब्द खुद मिडिल फ्रेंच भाषा से आइल मानल जाला, जवन 1540 में पहली बेर इस्तेमाल भइल।[2]

इतिहास में, परंपरा अनुसार, भूगोलवेत्ता लोग के नक्शा बनावे वाला ब्यक्ति मानल जात रहे, लेकिन नक्शा बनावल असल में कार्टोग्राफी नाम के अलग क्षेत्र हवे, जवन भूगोल के उप-शाखा हवे। भूगोलवेत्ता खाली प्राकृतिक पर्यावरण या मानव समाज के अलग-अलग ना पढ़ेला, बल्कि दूनो के बीच के पारस्परिक संबंध (रेसिप्रोकल रिलेशनशिप) के भी अध्ययन करेला। उदाहरण खातिर, ऊ देखेला कि प्रकृति मानव समाज के कइसे प्रभावित करेला आ मानव समाज प्रकृति पर कइसे असर डाले ला।[3]

खास तौर पर, भौतिक भूगोल से जुड़ल लोग, जिनहन लोगन के भौतिक भूगोलवेत्ता कहल जाला, प्राकृतिक पर्यावरण के अध्ययन करेला, जबकि मानव भूगोल वाला लोगन के मानव भूगोलवेत्ता कहल जाला आ ई लोग मानव समाज आ संस्कृति के अध्ययन करेला। कुछ भूगोलवेत्ता जीआईएस (जियोग्राफिक इन्फॉर्मेशन सिस्टम) के विशेषज्ञ होला, आ ऊ लोकल, राज्य स्तर प आ राष्ट्रीय सरकार के एजेंसी में भा प्राइवेट सेक्टर में—जइसे पर्यावरण आ इंजीनियरिंग कंपनी—में काम करेला।[4]

डच कलाकार योहानेस वर्मियर के चित्र “द जियोग्राफर” आ “द एस्ट्रोनॉमर” (1668–69) ओह समय यूरोप में वैज्ञानिक खोज के बढ़त प्रभाव आ महत्व के दर्शावे लें।

  1. Arrowsmith, Aaron (1832). "Chapter II: The World". A Grammar of Modern Geography. King's College School. pp. 20–21. Archived from the original on 4 October 2021. Retrieved 4 October 2021.
  2. "geography (n.)" (Web article). Online Etymology Dictionary. Douglas Harper. n.d. Archived from the original on 1 August 2017. Retrieved 10 October 2018.
  3. Pedley, Mary Sponberg; Edney, Matthew H., eds. (2020). The History of Cartography, Volume 4: Cartography in the European Enlightenment. University of Chicago Press. pp. 557–558. ISBN 9780226339221. Archived from the original on 4 October 2021. Retrieved 4 October 2021.
  4. "Geographers : Occupational Outlook Handbook : U.S. Bureau of Labor Statistics". www.bls.gov. Retrieved 2021-10-06.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]