सस्टेनेबल डेवलपमेंट
सस्टेनेबल डेवलपमेंट (अंग्रेजी: sustainable development; अरथ: लगातार जारी रहे वाला बिकास) एगो अइसन बिकास ह जवना में ए बात क धियान राख के विकास क योजना बनावल जाला कि ई विकास खाली हमनी की वर्तमान पीढ़ी खातिर ना बलुक आगे आवे वाला अनंत समय तक चलत रहि सके। ए में पर्यावरण की मैनेजमेंट आ प्राकृतिक संसाधन की सोचल समझल इस्तेमाल पर धियान दिहल जाला।
नाँव
[संपादन करीं]हिंदी भाषा में सस्टेनेबल डेवलपमेंट खातिर कई ठे शब्द चलन में बाड़ें - संधारणीय विकास, टिकाऊ विकास, सतत विकास, संधृत विकास इनहन में मुख्य नाँव बाड़ें।
परिभाषा आ कांसेप्ट
[संपादन करीं]1987 में, यूनाइटेड नेशंस के पर्यावरण आ बिकास पर बिस्व आयोग एगो रपट जारी कइलस आवर कॉमन फ्यूचर जेकरा के आमतौर पर ब्रंटलैंड रिपोर्ट कहल जाला। रिपोर्ट में "सस्टेनेबल डेवलपमेंट" के जवन परिभाषा सामिल कइल गइल ओही क इस्तेमाल अब बहुतायत में हो रहल बा:
सस्टेनेबल डेवलपमेंट अइसन विकास ह जवन आवे वाली पीढ़ी के आपन जरूरत पूरा करे के क्षमता से समझौता कइले बिना वर्तमान के जरूरत के पूरा करेला। एकरा भीतर दू गो प्रमुख कांसेप्ट बाड़ें:
- ‘जरूरत’ (need) के कांसेप्ट, खासतौर पर दुनिया के गरीबन के जरूरी जरूरतन के, जिनहना के सर्वोच्च प्राथमिकता दिहल जाव; आ
- वर्तमान आ भविष्य के जरूरत के पूरा करे के पर्यावरण के क्षमता पर तकनीक आ सामाजिक संगठन के स्थिति द्वारा लगावल गइल सीमा के बिचार।
— World Commission on Environment and Development, Our Common Future (1987)
एह तरीका से सस्टेनेबल डेवलपमेंट, आर्थिक बिकास, पर्यावरण संरक्षण आ सामाजिक भलाई के बीच संतुलन खोजे के कोसिस करे ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |