आर्थिक बिकास

विकिपीडिया से

आर्थिक बिकास (Economic development) अइसन प्रक्रिया हवे जेकरे द्वारा कौनों देस अपना निवासी लोग के आर्थिक, राजनीतिक आ सामाजिक रूप से रहन-सहन के स्थिति के अउरी बेहतर बनावे ला। ई कांसेप्ट आर्थिक बढ़ती (ग्रोथ) के बिचार से कुछ अलग आ तनिका ब्यापक हवे काहें से कि आर्थिक बढ़ती में खाली उत्पादन में होखे वाला बढ़त के सामिल कइल जाला जबकि आर्थिक बिकास में सामाजिक पहलू पर भी धियान दिहल जाला आ लोग के कल्याण आ भलाई (वेल-बीइंग) के भी शामिल कइल जाला।

आर्थिक बिकास के मतलब माडर्नाइजेशन, वेस्टर्नाइजेशन आ इंडस्ट्रियलाइजेशन के साथे जोड़ के देखल जात रहल बा। कई जगह उद्योगिक संबृद्धि भा उद्योगीकरण के आर्थिक बिकास के साथे कन्फ्यूज कइल जाला।

परसिद्ध अर्थशास्त्री अमर्त्य सेन के कहनाम "आर्थिक बढ़ती (ग्रोथ) आर्थिक बिकास के एक ठो पहलू हवे" से ई साफ हो जाला कि आर्थिक बिकास एगो ब्यापक कांसेप्ट हऽ।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]