ग्लोब

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
एगो ग्लोब

ग्लोब (Globe) पृथ्वी के छोट रूप में देखावे वाला मॉडल होला। ई पृथ्वी के पैमाना अनुसार छोट रूप में देखावे ला आ बिबिध काम में इस्तेमाल होखे ला। कौनों गोलआकार चीज, जेकरे त्रिज्या आ पृथ्वी के त्रिज्या में ख़ास अनुपात होखे (इहे पैमाना कहाला) पर अक्षांश-देशांतर रेखा सभ के जाल आ महादीप आ महासागर सभ के चित्र बनावल गइल होला; आमतौर पर ई धुरी के सहारे लगभग ओतने झुका के देखावल गइल रहे ला जेतना कि पृथ्वी अपने कक्षा-तल पर झुकाव लिहले बा।

नक्शा बनावे में, गोलाकार सतह के सपाट सतह पर देखावे के बिधि, नक्शा प्रोजेक्शन बनावे में ग्लोब भा ग्लोब के कांसेप्ट (कल्पित ग्लोब) के खास महत्व होला।