बिसुवत रेखा
बिसुवत रेखा चाहे भूमध्य रेखा (अंगरेजी: Equator) पृथ्वी के दू बराबर गोलार्ध (उत्तरी आ दक्खिनी) में बाँटे वाली रेखा हवे। एकर अक्षांश जीरो डिग्री (0°) होला मने कि बाकी जगहन कि अक्षांश क नाप-जोख एही की संदर्भ में होला। एकरा के जीरो डिग्री के पैरेलल भी कहल जाला।
एकरे आसपास के इलाका के भूमध्य-रेखीय प्रदेश भा बिस्वतरेखीय प्रदेश कहल जाला। जलवायु के बर्गीकरण में भी एह रेखा के आसपास के इलाका के बिसुवतरेखीय जलवायु मानल जाला। एह तरीका से कौनों भी भूगोली तत्व के साथे अगर भूमध्यरेखीय भा बिसुवत रेखीय (इक्विटोरियल) शब्द जुड़ल होखे तब ओकर मतलब ई होला कि ऊ चीज एही रेखा के आसपास के इलाका में पावल जाले भा संबधित बा।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |