Jump to content

वल्ड वाइड वेब

विकिपीडिया से
बिस्व के नक्सा पर अलग अलग रंग से देखावल जानकारी
2010 के दशक के दौरान बिस्व में वल्ड वाइड वेब के उपलब्धता।

वल्ड वाइड बेब (World Wide Web) आ WWW एगो गयान आ जनकारी के दुनिया हवे जेह में बिबिध परकार के दस्तावेज आ बेब सनसाधन सभ यूनिफ़ॉर्म रिसोर्स लोकेटर (यूआरएल) दवारा पहिचानल जालेन, हाइपरटेक्स्ट प्रोटोकॉल दवारा आपस में जुड़ल रहेलेन, आ इंटरनेट के से इनहन ले पहुँचल जा सकेला। अंग्रेज बैज्ञानिक टीम बर्नर्स ली एकर खोज 1989 में कइले रहुवेन आ जब ऊ स्विट्जरलैंड में सर्न में नियुक्त रहलें, 1990 में वेब ब्राउजर खातिर प्रोग्राम लिखलेन। 1991 में एकरा के सर्न से बाहर रिलीज कइल गइल आ अगस्त 1991 में ई इंटरनेट पर पबलिक खातिर उपलध भइल।

आजू के इन्फार्मेशन जुग के बनावे में बल्ड बाइड बेब के बहुत महतव आला जोगदान रहल बा। बरतमान में करोड़ों लोग एही से इंटरनेट के साथ जुड़ल बा।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]