Jump to content

सरजू नदी

विकिपीडिया से
Ghaghara
Karnali
Sarayu
Mapcha Tsangpo
Karnali (Ghaghara) river in Nepal
Map showing the Ghaghara and Gandaki tributaries of the Ganges
लोकेशन
CountryTibet, Nepal, India
भौतिक लच्छन सभ
SourceMapchachungo Glacier
 - locationTibet
 - elevation3,962 मी (12,999 फीट)
मुहानाGanges
 - location
Revelganj, Bihar, India
 - coordinates
25°45′11″N 84°39′59″E / 25.75306°N 84.66639°E / 25.75306; 84.66639निर्देशांक: 25°45′11″N 84°39′59″E / 25.75306°N 84.66639°E / 25.75306; 84.66639
लंबाई1,080 किमी (670 मील)
थाला के साइज127,950 किमी2 (1.3772×1012 वर्ग फु)
Discharge 
 - average2,990 m3/s (106,000 cu ft/s)
Discharge 
 - locationNepal
 - average1,369 m3/s (48,300 cu ft/s)
थाला लच्छन
सहायिका 
 - leftBheri, Kuwana, Rapti, Chhoti Gandak
 - rightSeti, Dahawar, Sarda, Budhi Ganga

सरजू नदी चाहे घाघरा नदी (सरयू नदी सरजू मइया) हिमालय पर्वत से निकले वाली आ उत्तरी भारत की गंगा मैदान में बहे वाली एगो नदी ह जेवन नेपाल से भारत में प्रवेश करेले आ बलिया आ छपरा की बीच में गंगा नदी नदी में मिल जाले। हिंदू धर्म में अवतार मानल जाए वाला भगवान राम के जनम एही सरयू नदी की तीरे अजोध्या में भइल रहे। अपनी ऊपरी हिस्सा में ई नदी दू गो धारा में पहिचानल जाले काली आ करनाली (घाघरा) जिनहन की संगम की बाद ए के सरयू या घाघरा कहल जाला। थोड़ी दूर बाद ए में शारदा (नेपाल में नाँव: महाकाली) नदी मिल जाली। भारत में ई नदी पूरा रास्ता भर उत्तर प्रदेश में बहेले आ अंत में थोड़ी दूर ले उत्तर प्रदेश आ बिहार क सीमा बनावेले।

सरजू नदी क प्रमुख सहायक नदी राप्ती हवे जेवना की तीरे गोरखपुर नगर बसल बा आ ई बरहज की लगे सरजू जी में मिल जाले। राप्ती की आलावा अउरी कई गो छोट-बड़ नदी ए में मिलेली।

सरजू जी अपनी विशाल जलराशि खातिर जानल जाली आ निचला हिस्सा में कबो-कबो बाढ़ि आवेले। लखीमपुर-खीरी जिला में ई नदी दुधवा बाघ अभयारण्य से हो के गुजरेली आ हाले में सूँस की संरक्षण खातिर एहू नदी में कोसिस कइल जात बा।

राम नवमी के अजोध्या जी में लाखन लोग सरजू जी में अस्नान करे आवेला।