यूक्रेन

विकिपीडिया से
यूक्रेन

यूक्रेन के झंडा
झंडा
{{{coat_alt}}}
निशान
  •  युक्रेन के लोकेशन (हरियर)
  • रूस अधिग्रहण में (हल्का हरियर)
राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
कीव
50°27′N 30°30′E / 50.450°N 30.500°E / 50.450; 30.500
सरकारयुनिटरी अर्ध-राष्ट्रपतीय संबैधानिक रिपब्लिक
इस्थापित
• सोवियत युनियन से आजादी
26 दिसंबर 1991
• संबिधान (वर्तमान)
28 जून 1996
रकबा
• कुल
603,628 किमी2 (233,062 वर्ग मील) (45th)
• जल (%)
7
जनसंख्या
• 2017 अनुमान
42,418,235 [1] (32वाँ)
• 2001 जनगणना
48,457,102
• Density
73.8/किमी2 (191.1/वर्ग मील) (115वाँ)
जीडीपी (पीपीपी)2017 अनुमान
• कुल
$368.217 बिलियन[2] (47वाँ)
• प्रति ब्यक्ति
$8,667[2] (109वाँ)
जीडीपी (नॉमिनल)2017 अनुमान
• कुल
$112.154 बिलियन[2] (60वाँ)
• Per capita
$2,640[2] (127वाँ)
गिनी (2015)25.5[3]
low · 18वाँ
एचडीआइ (2017)0.751[4]
high · 88वाँ
करेंसीयूक्रेनियाई ह्रैवीना (₴) (UAH)
टाइम जोनईईटी (यूटीसी+2[5])
• गर्मीं में (डीएसटी)
ईईएसटी (यूटीसी+3)
ड्राइविंगदहिने
कालिंग कोड+380
इंटरनेट टीएलडी
  1. एगो जनमत संग्रह 1 दिसंबर के भइल, एकरे बाद आजादी 26 दिसंबर के पूरा भइल।
  2. यूक्रेनियाई एसएसआर के नाया नाँव युक्रेन 17 सितंबर 1991 के युक्रेन के कानून #1554-XII द्वारा भइल[6]

युक्रेन चाहे यूक्रेन (अंग्रेजी: Ukraine) पूरबी यूरोप क एगो देस हवे जेकर राजधानी आ सभसे बड़ शहर कीव (Kyiv) हवे। यूक्रेन रूस के बाद, रकबा के हिसाब से यूरोप के सभसे बड़हन देस हवे आ रूस के साथे पूरबी आ उत्तर-पूरबी सीमा सझिया करे ला। रूस के अलावा एकर सीमा उत्तर में बेलारूस; पच्छिम में पोलैंड, स्लोवाकियाहंगरी; दक्खिन में रोमानियामोल्डोवा के साथे बने ले; एकरे अलावा ई अजोव सागरकाला सागर के समुंद्र तट वाला देस भी हवे। एकर कुल रकबा 603,628 किमी2 (6.497397717018×1012 वर्ग फु),[नोट 1] बाटे आ कुल आबादी 41.3 मिलियन,[नोट 2] बा जेकरा चलते ई यूरोप के आठवाँ सभसे बेसी आबादी वाला देस हवे।

युक्रेन के इलाका प्राचीन काल से आबाद रहल हवे आ 32,000 ईसा पूर्ब में इहाँ मनुष्य के आबादी होखे के परमान मिले लें। यूरोपियन मध्य जुग में ई पूरबी स्लाविक संस्कृति के मुख्य केंद्र रहल आ कीवन रुस राज्य यूक्रेनी पहिचान के आधार बनल। एकरे बाद 13वीं आवत-आवत ई इलाका कई राजनीतिक हिस्सन में बँटा गइल आ मंगोलियाई हमला में तितर-बितर भइल। एकर एकता खतम भ गइल आ कई ताकत सभ द्वारा शासन कइल गइल। 17वीं-18वीं सदी में कोस्सक हेतमानात के उठान भइल बाकी आगे जा के ई इलाका पोलैंडरूस साम्राज्य के बीचा में बँटा गइल। रूस के क्रांति के बाद इहाँ राष्ट्रवादी माहौल बनल आ आंदोलन शुरू भइल, युक्रेनियन पीपल्स रिपब्लिक के घोषणा 23 जून 1917 के भइल। दुसरे बिस्व जुद्ध के बाद, पच्छिमी यूक्रेन के बिलय यूक्रेनियन सोवियत सोशलिस्ट रिपब्लिक में हो गइल आ पूरा देस सोवियत यूनियन के हिस्सा बन गइल। यूक्रेन के 1991 में आजादी मिलल जब सोवियत संघ के बिघटन भइल।

आजादी के बाद युक्रेन अपना के न्यूट्रल राज्य घोषित कइलस; कुछ मात्रा में रूस आ सीआइएस देसन के साथे सेना के संबंध बनवलस आ 1994 में नाटो के पार्टनर बनल।

साल 2013 में राष्ट्रपति विक्टर यानुकोविच ई फैसला लिहलें कि यूक्रेन-यूरोपियन यूनियन एसोसिएशन समझौता सस्पेंड कइल जाय आ रूस के साथे नज्दीके के आर्थिक संबंध बनावल जाय। एकरे बाद धरना-प्रदर्शन के लमहर लहर चलल आ यानुकोविच के सरकार गिरा के नया सरकार बनावल गइल। इहे घटना सभ मार्च 2014 में रूस द्वारा क्रीमिया के अधिग्रहण आ अप्रैल 2014 में डॉनबास के लड़ाई के पृष्ठभूमि बनलें। 1 जनवरी 2016 के यूक्रेन यूरोपियन यूनियन के साथे डीप एंड कंप्रेहेंसिव फ्री ट्रेड एरिया के हिस्सा बने खातिर आवेदन कइलस।

यूक्रेन एगो कम बिकसित देस हवे आ मानव बिकास सूचकांक के हिसाब से 74वाँ रैंक पर आवे ला। ई यूरोप से सभसे गरीब देस हवे जहाँ हाई लेवल के गरीबी आ भ्रष्टाचार बाटे। हालाँकि, अपना उपजाऊ खेत सभ के चलते ई अनाज के बड़हन निर्यातक देस हवे। यूक्रेन के लगे यूरोप के तिसरी सभसे बड़हन सेना भी बा रूस आ फ्रांस के बाद। यूक्रेन एगो यूनिटरी रिपब्लिक हवे जहाँ सेमी-प्रेसिडेंशियल सिस्टम बाटे आ पावर के अलगाव बिधायिका, कार्यपालिका आ न्यायपालिका के बीचा में बा।

यूक्रेन यूनाइटेड नेशंस, दि काउंसिल ऑफ़ यूरोप, ओएससीई, गुआम ऑर्गेनाइजेशनलुब्लिन ट्रैंगल के सदस्य हवे आ सीआईएस के संस्थापक सदस्य राज्य में से एक हवे भले ई कबो एकर सदस्य ना बन पावल।

नोट[संपादन करीं]

  1. Including the disputed territory of Crimea.
  2. Excluding the disputed territory of Crimea

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Чисельність населення (за оцінкою) на 1 листопада 2017 року та середня чисельність у січні-жовтні 2017 року". www.ukrstat.gov.ua. Retrieved 2018-01-09.
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 "Ukraine", The World Bank, 2018, retrieved 12 अगस्त 2018 download: CSV XML EXCEL
  3. "GINI index (World Bank estimate) | Data". data.worldbank.org (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-01-08.
  4. "Human Development Report 2018 – "Human Development for Everyone"" (PDF). मानव बिकास रपट, यूएनडीपी. pp. 198–201. Retrieved 8 जनवरी 2018.
  5. Рішення Ради: Україна 30 жовтня перейде на зимовий час [Rada Decision: Ukraine will change to winter time on 30 October] (युक्रेनी में). korrespondent.net. 18 October 2011. Retrieved 31 अक्टूबर 2011.
  6. About introduction of changes and additions to the Constitution of Ukrainian SSR (Про внесення змін і доповнень до Конституції (Основного Закону) Української РСР). Verkhovna Rada.