Jump to content

जानवर

विकिपीडिया से
(Animal से अनुप्रेषित)

जानवर, जनावर या प्राणी (Animal) बहुकोशिकीय, यूकैरियोटिक जीवधारी बा जवन एनिमेलिया किंगडम (प्राणी जगत) के अंतर्गत आवेलें। सगरी जानवर गमनशील होलें, माने की चल फिर सके लें। वयस्क भइला पर जानवर के शरीर एगो स्थाई रूप ले लेला, हालांकि, कुछ जानवर सभ में बाद में भी बदलाव होत रहे ला। सगरी जानवर हेट्रोट्रॉफ होलें, माने की, जिंदा रहे खातिर दूसरे जीवधारी खा के पचावे के परेला या कौनों दूसरे जीवधारी के उत्पाद के खा के पचावे लें।

जानवर के उत्पत्ति पृथिवी पर अब से लगभग 542 मिलियन (5420 लाख) बरिस पहिले, कैम्ब्रियाई बिस्फोट के समय भइल रहे। इनहन के कई बिभाग में बाँटल जाला जवना में प्रमुख बाटें: वर्टीब्रेट (चिरई, मैमल, एम्फिबियन, रेप्टाइल, मछरी); मोलस्कस (क्लैम्स, ऑइस्टर्स, ऑक्टोपस, स्क्विड, घोंघा); आर्थोपोड्स (मिलिपेड, सेंटीपीड, किरौना, मकड़ी, बिच्छी, खेखड़ा, लोबस्टर, झींगा); अनेलिड्स (केंचुआ); स्पंज आ जेलीफिश

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]

    बाहरी कड़ी

    [संपादन करीं]