Jump to content

बलियाँ जिला

विकिपीडिया से
(बलिया जिला से अनुप्रेषित)
बलियाँ
बलियाँ जिला के उत्तर प्रदेश में लोकेशन
बलियाँ जिला के उत्तर प्रदेश में लोकेशन
देशभारत
राज्यउत्तर प्रदेश
मंडलआजमगढ़ मंडल
मुख्यालयबलियाँ
Area
  कुल1,981 किमी2 (765 बर्ग मील)
Population
 (२०११)
  कुल3,223,642
  Density1,600/किमी2 (4,200/बर्ग मील)
जनसंख्या आँकड़ा
  साक्षरता73.82 प्रतिशत
भूगोलीय लोकेशन25°33′N 83°38′E / 25.55°N 83.63°E / 25.55; 83.63 - 26°11′N 84°39′E / 26.18°N 84.65°E / 26.18; 84.65
Websiteसरकारी वेबसाइट

बलियाँ जिला भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ मंडल में एगो जिला बाटे जवना के मुख्यालय बलियाँ शहर बा। ई जिला उत्तर प्रदेश के सबसे पूरबी जिला हवे आ उतर में सरजू नदी आ दक्खिन में गंगा नदी एकर सीमा बनावे लीं, जिला दुन्नो नदिन के बीचे में त्रिभुज के आकर में बा आ नदिन के बीच के दुआबा क्षेत्र नोकदार आकार में बिहार राज्य के ओर प्रवेश कइले बा।

बलियाँ जिला के उत्तरी सीमा सरजू नदी द्वारा बनावल जाले आ पच्छिम में उत्तर प्रदेश के देवरिया आ पूरुब ओर बढ़ले पर सिवान जिला के साथ बनल बा आ उत्तरी पूरबी आ पूरबी सीमा सारन जिला के साथ सटल बा; दक्खिनी-पच्छिमी सीमा गाजीपुर जिला से आ एकरे बाद पूरुब बढ़ले पर में बिहार राज्य के बक्सर आ भोजपुर जिला के साथ बा; पच्छिम में एकर सीमा मऊ जिला के साथ बाटे। प्रशासन के हिसाब से बलियाँ जिला के छह गो तहसील में बाँटल गइल बाटे: बलिया सदर, बांसडीह, रसड़ा, बैरिया, सिकंदरपुर, आ बेलथरा।

जिला के लोगन के मुख्य ब्यवसाय खेती बाटे। खेती के साथ साथ कुछ छोट उद्योग धंधा भी जिला में स्थापित बाने। रसड़ा में सरकारी चीनी मिल आ सूती कपड़ा के मिल मौजूद बा। एकरे अलावा जिला के काफी लोग भारत के अन्य सहर सभ में आ अरब देसवन ले रोजगार खातिर गइल बा।

सन 1942 के समय के आजादी के आंदोलन में बलियाँ में कुछ दिन खातिर अंग्रेजी राज खतम क के आजादी के घोषणा भइल रहे। एह लड़ाई के नेता चित्तू पांडे के जिला के महत्वपूर्ण लोग में गिनल जाला। भारत के पूर्व परधानमंत्री चंद्रशेखर इहाँ से रहल बाने।

सांस्कृतिक रूप से इहाँ के भिर्गू आश्रम, जे मुख्य शहर बलियाँ से कुछ दूर पर बा, महत्व के अस्थान बाटे। हर साल इहाँ लागे वाला ददरी मेला भी धार्मिक-सांस्कृतिक आकर्षण के चीज बाटे। एकरे अलावा हजारी प्रसाद द्विवेदी, बलदेव उपाध्याय आ अमरकांत नियर कई ठो बिद्वान आ साहित्यकार लोग एह जिला से रहल बा।

जिला के मुख्यालय बलियाँ के अलावा अउरी प्रमुख शहर में रसड़ासिकंदरपुर बाने।

1794 के पहिले, आज वाला बलिया जिला बनारस स्टेट के हिस्सा रहे। 27 अक्टूबर 1794 के दिन राजा महीप नारायण सिंह एगो संधि पर दस्खत कइलें, आ ई इलाका ब्रिटिश राज में मिल गइल।

बलिया जिला के स्थापना 1879 में भइल। ई गाज़ीपुर जिला से काट के बनावल गइल, आ कुछ हिस्सा आजमोगढ़ जिला से ले के जोड़ल गइल। एकरा से पहिले, बलिया तहसील गाज़ीपुर जिला के सब-डिवीजन रहे, जवन में परगना बलिया, दोआबा आ ख़रीद शामिल रहलें। नयका जिला में गाज़ीपुर से लखनेसर आ कोपाचिट परगना जोड़ल गइल, आ आजमगढ़ से भदाँव आ सिकंदरपुर। एह सभ के जोड़ के रसड़ा तहसील बनल।

आगे के सालन में कई प्रशासनिक बदलाव भइलें। अप्रैल 1882 में बांसडीह तहसील बनावल गइल। ई खरीद परगना आ सिकंदरपुर ईस्ट से बनल, जवन 225 गाँव काट के नया परगना बनल रहे। ओही साल, कोपाचित परगना के 212 गाँव अलग करके कोपाचित ईस्ट बनल, आ एहू के बलिया तहसील में जोड़ल गइल।

अप्रैल 1883 में परगना जहूराबाद के टप्पा ढाका, सिकंदरपुर वेस्ट में जोड़ल गइल। फिर नवंबर 1884 में लखनेसर परगना के 13 गाँव — जवन सरयू के दाहिना किनार पर पड़त रहे — वापस गाज़ीपुर जिला में भेज दिहल गइल। मार्च 1892 में बड़हन बदलाव भइल। गाढ़ा आ सरायकोट परगना, जवन पहिले गाज़ीपुर के मोहम्मदाबाद तहसील में रहलें, उ बलिया में जोड़ल गइलें आ बलिया तहसील में रखल गइलें।

कई छोट–छोट बदलाव नदी के धार बदलहू से भइल। जइसे जून 1892 में दियारा खवासपुर गाँव शाहाबाद से काट के बलिया में जोड़ल गइल, काहे कि अब ऊ गाँव गंगा के बाँयां किनार पर पड़ गइल रहे। फिर जनवरी 1896 में बिजौरा, सीतल पट्टी, शेओपुर आ भेलसिपह—ई चारो गाँव भी शाहाबाद से हट के बलिया में जोड़ल गइलें। हालाँकि, नदी बदले से भइल एह बदलावन से आम लोगन के रोज़ का जीवन पर जादे असर ना पड़ल। बाढ़ आवे पर गाँववाला अपना ओरहीं के ऊपरी जमीन पर चढ़ जाले, जिला पार ना करे।

जनसंख्या

[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना के आँकड़ा के मोताबिक बलियाँ जिला के कुल जनसंख्या 32,23,642 रहल,[1] जे मॉरिटानिया देस के जनसंख्या के लगभग बराबर रहल[2] आ अमेरिकी राज्य आयोवा के बराबर रहल।[3] एह तरीका से जनसंख्या के मामिला में भारत के कुछ 640 जिला सभ में बलियाँ के अस्थान 108वाँ रहल[1]आ जिला में जनसंख्या के घनत्व 1,081 ब्यक्ति प्रति वर्ग किलोमीटर रहल।[1] 2001-2011 के दशक में इहाँ के जनसंख्या में बढ़ती के दर 16.73% दर्ज कइल गइल।[1] जिला में लिंगानुपात 933 औरत प्रति 1,000 मरदाना पर रहल,[1] आ साक्षरता दर 73.82% रहल।[1]

  1. 1 2 3 4 5 6 "जिला जनगणना 2011". Census2011.co.in. 2011. Retrieved 30 सितंबर 2011.
  2. US Directorate of Intelligence. "Country Comparison:Population". Archived from the original on 2011-09-27. Retrieved 2011-10-01. Mauritania 3,281,634 July 2011 est.
  3. "2010 Resident Population Data". U. S. Census Bureau. Archived from the original on अक्टूबर 19, 2013. Retrieved 2011-09-30. Iowa 3,046,355