बलियाँ जिला

विकिपीडिया से
(बलिया जिला से अनुप्रेषित)
बलियाँ
बलियाँ जिला के उत्तर प्रदेश में लोकेशन
बलियाँ जिला के उत्तर प्रदेश में लोकेशन
देशभारत
राज्यउत्तर प्रदेश
मंडलआजमगढ़ मंडल
मुख्यालयबलियाँ
Area
 • कुल1,981 किमी2 (765 बर्ग मील)
Population
 (२०११)
 • कुल3,223,642
 • Density1,600/किमी2 (4,200/बर्ग मील)
जनसंख्या आँकड़ा
 • साक्षरता73.82 प्रतिशत
भूगोलीय लोकेशन25°33′N 83°38′E / 25.55°N 83.63°E / 25.55; 83.63 - 26°11′N 84°39′E / 26.18°N 84.65°E / 26.18; 84.65
Websiteसरकारी वेबसाइट

बलियाँ जिला भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ मंडल में एगो जिला बाटे जवना के मुख्यालय बलियाँ शहर बा। ई जिला उत्तर प्रदेश के सबसे पूरबी जिला हवे आ उतर में सरजू नदी आ दक्खिन में गंगा नदी एकर सीमा बनावे लीं, जिला दुन्नो नदिन के बीचे में त्रिभुज के आकर में बा आ नदिन के बीच के दुआबा क्षेत्र नोकदार आकार में बिहार राज्य के ओर प्रवेश कइले बा।

बलियाँ जिला के उत्तरी सीमा सरजू नदी द्वारा बनावल जाले आ पच्छिम में उत्तर प्रदेश के देवरिया आ पूरुब ओर बढ़ले पर सिवान जिला के साथ बनल बा आ उत्तरी पूरबी आ पूरबी सीमा सारन जिला के साथ सटल बा; दक्खिनी-पच्छिमी सीमा गाजीपुर जिला से आ एकरे बाद पूरुब बढ़ले पर में बिहार राज्य के बक्सर आ भोजपुर जिला के साथ बा; पच्छिम में एकर सीमा मऊ जिला के साथ बाटे। प्रशासन के हिसाब से बलियाँ जिला के छह गो तहसील में बाँटल गइल बाटे: बलिया सदर, बांसडीह, रसड़ा, बैरिया, सिकंदरपुर, आ बेलथरा।

जिला के लोगन के मुख्य ब्यवसाय खेती बाटे। खेती के साथ साथ कुछ छोट उद्योग धंधा भी जिला में स्थापित बाने। रसड़ा में सरकारी चीनी मिल आ सूती कपड़ा के मिल मौजूद बा। एकरे अलावा जिला के काफी लोग भारत के अन्य सहर सभ में आ अरब देसवन ले रोजगार खातिर गइल बा।

सन 1942 के समय के आजादी के आंदोलन में बलियाँ में कुछ दिन खातिर अंग्रेजी राज खतम क के आजादी के घोषणा भइल रहे। एह लड़ाई के नेता चित्तू पांडे के जिला के महत्वपूर्ण लोग में गिनल जाला। भारत के पूर्व परधानमंत्री चंद्रशेखर इहाँ से रहल बाने।

सांस्कृतिक रूप से इहाँ के भिर्गू आश्रम, जे मुख्य शहर बलियाँ से कुछ दूर पर बा, महत्व के अस्थान बाटे। हर साल इहाँ लागे वाला ददरी मेला भी धार्मिक-सांस्कृतिक आकर्षण के चीज बाटे। एकरे अलावा हजारी प्रसाद द्विवेदी, बलदेव उपाध्याय आ अमरकांत नियर कई ठो बिद्वान आ साहित्यकार लोग एह जिला से रहल बा।

जिला के मुख्यालय बलियाँ के अलावा अउरी प्रमुख शहर में रसड़ासिकंदरपुर बाने।

भूगोल[संपादन करीं]

जनसंख्या[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना के आँकड़ा के मोताबिक बलियाँ जिला के कुल जनसंख्या 32,23,642 रहल,[1] जे मॉरिटानिया देस के जनसंख्या के लगभग बराबर रहल[2] आ अमेरिकी राज्य आयोवा के बराबर रहल।[3] एह तरीका से जनसंख्या के मामिला में भारत के कुछ 640 जिला सभ में बलियाँ के अस्थान 108वाँ रहल[1]आ जिला में जनसंख्या के घनत्व 1,081 ब्यक्ति प्रति वर्ग किलोमीटर रहल।[1] 2001-2011 के दशक में इहाँ के जनसंख्या में बढ़ती के दर 16.73% दर्ज कइल गइल।[1] जिला में लिंगानुपात 933 औरत प्रति 1,000 मरदाना पर रहल,[1] आ साक्षरता दर 73.82% रहल।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 1.4 1.5 "जिला जनगणना 2011". Census2011.co.in. 2011. Retrieved 30 सितंबर 2011.
  2. US Directorate of Intelligence. "Country Comparison:Population". Archived from the original on 2011-09-27. Retrieved 2011-10-01. Mauritania 3,281,634 July 2011 est.
  3. "2010 Resident Population Data". U. S. Census Bureau. Archived from the original on अक्टूबर 19, 2013. Retrieved 2011-09-30. Iowa 3,046,355