बलदेव उपाध्याय

विकिपीडिया से
बलदेव उपाध्याय
जनम(1899-10-10)10 अक्टूबर 1899
बलियाँ, उत्तर प्रदेश, भारत
निधन10 अगस्त 1999(1999-08-10) (उमिर 99)
बनारस, उत्तर प्रदेश, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
महतारी संस्थाबनारस हिंदू विश्वविद्यालय
सम्मान/पुरस्कारपद्मभूषण

बलदेव उपाध्याय (10 अक्टूबर 1899 - 10 अगस्त 1999) संस्कृतदर्शन के बिद्वान आ लेखक रहलें। इनके जनम बलिया जिला के सोनबरसा गाँव में भइल आ पढ़ाई बनारस हिंदू विश्वविद्यालय से। इनके लिखल कइयन ठे किताब बाड़ी आ खासतौर प इनके संस्कृत साहित्य, संस्कृत साहित्य के इतिहास, भारतीय दर्शन वगैरह बिसय प हिंदी भाषा में किताब लिखे खाती जानल जाला, जबकि इनका से पहिले अइसन किताब या त अंग्रेजी भा जर्मन भाषा में लिखल गइल रहली स या फिर सीधे संस्कृते में रहली सऽ। इनकर छोट भाई कृष्णदेव उपाध्याय भोजपुरी भाषा के साहित्य आ लोक साहित्य प काम करे खाती जानल जालें।

बलदेव उपधिया के साल 1984 में भारत सरकार द्वारा पद्म भूषण सम्मान दिहल गइल।

संदर्भ[संपादन करीं]