Jump to content

इलाहाबाद के पर्यटक आकर्षण सभ के लिस्ट

विकिपीडिया से
इलाहाबाद आ नैनी के बीच यमुना नदी पर बनल नया यमुना पुल भारत के तीसरा सभसे लंबा केबिल पर टिकल पुल बाटे, बहुत लोग एकरा देखे आवे ला।

इलाहाबाद भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश में गंगायमुना के संगम पर मौजूद इतिहासी, धार्मिक आ सांस्कृतिक रूप से एक ठो महत्वपूर्ण शहर बाटे जहाँ पर्यटक लोग काफ़ी संख्या में आवे ला। मुख्य आकर्षण गंगा आ यमुना के मिलन के जगह त्रिवेणी संगम बाटे जहाँ सालाना माघ मेला आ हर बारहवाँ बरिस कुंभ मेला के आयोजन होला। एकरे अलावा नेहरू-गाँधी परिवार के घर आनंद भवन देखे भी बहुत सारा लोग आवेला। अन्य इतिहासी, सांस्कृतिक महत्व के चीज सभ के लिस्ट नीचे दिहल जात बाटे:

प्रकारफोटोआकर्षणकालबिबरण
जल राशित्रिवेणी संगम-ई हिंदू धर्म में पबित्र मानल जाए वाली आ भूगोलीय रूप से भारत के दू गो महत्वपूर्ण नदिन के "संगम" बाटे। पुराण में बर्णित सरस्वती नदी भी इहाँ गंगा आ यमुना से मिले ले इहो मानल जाला। महत्व के मुख्य्कारण धार्मिक आ भूगोलीय बाटे।
पार्कअल्फ़्रेड पार्क1931आम जनता में प्रचलित नाँव कंपनी बाग इलाहाबाद में मौजूद एक ठो पब्लिक पार्क बा जे 133 एकड़ इलाका में बिस्तार लिहले बाटे।[1] चंद्रशेखर आज़ाद अहिजा 1931 में शहीद भइल रहलें, एही से एकर नाँव भारत के आजादी के बाद बदल के चंद्रशेखर आजाद पार्क रख दिहल गइल बा।
कैथेड्रलपत्थर गिरजा1887इलाहाबाद में एगो उल्लेखनीय एंग्लिकन कैथड्रल।[2] ई तेरहवीं सदी के गोथिक शैली में बनल [3] बिल्डिंग हवे जे अंग्रेजी राज के दौरान बनावल गइल रहलल 1871 AD, विलियम इमर्सन एकर डिजाइन बनवलें आ 1887 में एकर निर्माण भइल।
किलाइलाहाबाद किला1583बादशाह अकबर द्वारा 1583 में बनवावल गइल।[4] किला, गंगा आ यमुना के मिलन के जगह पर बा।
हाइकोर्टइलाहाबाद हाइकोर्ट1869जोर्जियन आर्किटेक्चर के सुघर उदाहरण के रूप में ई भवन भारत के सभसे पहिला हाईकोर्ट सभ में से एक, इलाहाबाद हाईकोर्ट के मुख्य सीट हवे।
म्यूजियमइलाहाबाद म्यूजियम19311931 में स्थापित,[5] ई म्यूजियम अपना बिबिध प्रकार के चीजन के धनी संग्रह खातिर जानल जाला। ई भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय के अधीन हवे। इहाँ चंद्रशेखर आजाद के ऊ पिस्टल रखल बा जे कंपनी बाग़ में भइल उनके अंतिम मुठभेड़ में उनके साथ रहल। कौशाम्बी से खनाई में मिलल बहुत सारा कला इहाँ के शोभा बाटे।
विश्वविद्यालयइलाहाबाद विश्वविद्यालय1887भारतीय उपमहादीप के सभसे पुरान इन्वर्सिटी सभ में से एक, एह यूनिवर्सिटी के स्थापना विलियम म्योर के नाँव पर म्योर कॉलेज के रूप में 1876 भइल रहल जे इलाहाबाद में एक ठो सेंट्रल यूनिवर्सिटी के स्थापना के आइडिया दिहले रहलें।[6][7] कौनों समय में एह यूनिवर्सिटी के "पूरब के ऑक्सफोर्ड",[8] के नाँव से जानल जाय।
म्यूजियमआनंद भवन1930इलाहबाद में मौजूद आनंद भवन एक ठो बंगला हऽ जेकरा के बाद में म्यूजियम बना दिहल गइल। 1930 में ई मोतीलाल नेहरू द्वारा परिवार के नया घर के रूप में बनवावल गइल रहल जब स्वराज भवन (पुरनका घर) कांग्रेस के लोकल मुख्यालय के रूप में बना दिहल गइल।
मोहल्लासिविल लाइंस, इलाहाबाद19वीं सदी"कैनिंग टाउन" या कैनिंगटन (Cannington)[9] के नाँव से रिहाइशी इलाका के रूप में बिकसित ई मोहल्ला अब इलाहाबाद के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट बन चुकल बाटे[10] ब्रिटिश राज के ज़माना के बंगला सभ के जगह अब इहाँ ऊँच-ऊँच बिल्डिंग, अपार्टमेंट आ दूकान आ मॉल खुल गइल बाने।
तारामंडलजवाहर तारामंडल1979तारामंडल के निर्माण 1979 आ ई आनंद भवन के बगल में ओही कैम्पस में मौजूद बाटे। एकर मैनेजमेंट 'जवाहरलाल नेहरू मेमोरियल फंड' (स्था. 1964) द्वारा होला, जेकर मुख्यालय तीनमूर्ति भवन नई दिल्ली में बा।[11]
बागखुसरो बाग18वीं सदीऊँच देवाल से घेर के बनावल, मुगल काल के बाग हवे जेह में जहाँगीर के सभसे बड़का लड़िका खुसरू मिर्जा (निधन 1622), खुसरू के महतारी शाह बेगम (निधन1604), आ एक ठो राजपूत राजकुमारी आ जहाँगीर के मेहरी से जनमल "सुलतान निसार बेगम" (निधन c.1624) नाँव के खुसरू के बहिन के मकबरा बाने।[12] ई मुगलिया भवन शैली के सुघर उदाहरण बाटे। वर्तमान में इहाँ एक ठो इको नॉलेज पार्क स्थापित बा।
मेलाकुंभ मेला-हिंदू लोग के धार्मिक मेला हवे, हर बारहवाँ बरिस माघ के महीना में (दिसंबर-जनवरी) इहाँ नहान करे खातिर लोग इकट्टा होला आ ई दुनिया के सभसे बड़ अइसन शांतिपूर्ण सम्मलेन बन जाला; अनुमान के मोताबिक साल 2013 के मेला में लगभग 100 मिलियन लोग एकट्ठा भइल रहे।[13]
बिल्डिंगमेयो हाल1879पब्लिक मीटिंग आ अन्य इस्तेमाल खातिर बनावल गइल ई एक ठो बिसाल हाल हवे जे सिविल लाइंस के उत्तरी हिस्सा में मौजूद बा। वर्तमान में एकरा कैंपस में अमिताभ बच्चन स्पोर्ट्स क्लब चले ला।[14] मेयो मेमोरियल हाल के डिजाइन रिचर्ड रोस्केल बायेन बनवले रहलें आ ई सन् 1879 में बन के पूरा भइल।[15]
पार्कमिंटो पार्क19वीं सदीकिला आ नवका नैनी पुल के बीच में मौजूद ई पार्क एक ठो इतिहासी जगह हऽ जहाँ सन् 1858 में चार्ल्स कैनिंग एक ठो सभा में महारानी के घोषणापत्र पढ़लें आ एकरा बाद भारत के सत्ता ईस्ट इंडिया कंपनी के हाथ से सीधे ब्रिटिश सरकार (मुकुट के अधीन) द्वारा ले लिहल गइल।[16][17] वर्तमान में एकर नाँव मदन मोहन मालवीय पार्क हवे आ इहाँ सरकारी नर्सरी बाटे।
पुलनया यमुना पुल2004इलाहाबाद के दक्खिन में मौजूद, जमुना नदी पर बनल ई पुल जब बनल रहे तब भारत के सभसे लंबा 'केबिल-पर-टिकल पुल' रहल।[18][19][20] ई पुल सन् 2004 में बन के पूरा भइल[21] आ इलाहाबाद के नैनी से जोड़े ला।
टीलाउल्टा किला1855इलाहाबाद के पूरुब ओर, गंगा नदी के पार, एक ठो टीला बाटे जहाँ प्राचीन इनार (कुआँ) बा। मान्यता अनुसार ई मत्स्य पुराण आ पद्म पुराण में बर्णित इनार हवे। पुरातत्व के बिद्वान लोग एकरा के समुद्रगुप्त के जमाना के बातावे ला।

एही ढूह के बारे में इहो कथा हवे कि पुराना जमाना में लोकल राजा, हड़बोंग से नाराज हो के बाबा शेख़ तौक़ी ओकर किला के उलट जाए के सराप दे दिहलें आ पूरा जर के सब नास हो गइल जेवना के आज झूसी (झुलसी से) कहल जाला। कुछ अन्य लोग एकरा के गोरखनाथ के सराप से उलटल बतावे ला।

मैन्शनस्वराज भवन19वीं सदी19वीं सदी के बड़हन बंगला (मैंशन), मोतीलाल नेहरू एकरा के खरीदले रहलें, बाद में एही के दक्खिन में नया आनंद भवन बनवा के एह भवन के कांग्रेस के स्थानीय मुख्यालय बनावे खातिर दे दिहलें। वर्तमान में ई स्वराज भवन संग्रहालय (म्यूजियम) के रूप में बा। मोतीलाल के परिवार इहाँ जवाहरलाल के पैदा होखे के बाद आ के रहे सुरू कइल।[22]
लाइब्रेरीथार्नहिल मायने मेमोरियल1878वर्तमान पब्लिक लाइब्रेरी के भवन, जे कंपनी बाग में मौजूद बा। शानदार गोथिक इस्टाइल में, रिचार्ड रोक्सेल बाएन के डिजाइन कइल[15] ई भवन इतिहासी महत्व वाला बा, लार्ड मेयो (इलाहाबाद के कमिश्नर) आ मायेन (कलेक्टर) के दोस्ती के यादगार के रूप में बनावल गइल आ 1878 में पूरा भइल। ब्रिटिश जमाना में ई भवन संजुक्त प्रांत के बिधानसभा के रूप में इस्तेमाल होखे, जब इलाहाबाद संजुक्त प्रांत के राजधानी रहल।
  1. "Alfred Park - Allahabad | Alfred Park Photos, Sightseeing - Native Planet". nativeplanet.com. Retrieved 27 August 2015.
  2. "An array of city's glorious past at Magh Mela". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Feb 16, 2011. Archived from the original on 2014-01-08. Retrieved 2013-07-25.
  3. "All Saints Cathedral celebrates 130th Anniversary today". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Oct 31, 2001. Archived from the original on 2014-01-08. Retrieved 2013-07-25.
  4. "Allahabad Fort". indnav.com. Archived from the original on 24 December 2015. Retrieved 27 August 2015.
  5. "Allahabad Museum to celebrate Foundation Day". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Mar 5, 2010. Archived from the original on 2014-01-08. Retrieved 2013-07-25.
  6. Chisholm, Hugh, ed. (1911). "Muir, Sir William" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में) (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस. "1885 में ऊ एडिनबर्ग युनिवर्सिटी" के प्रेंस्पल बनलें
  7. History Allahabad University website.
  8. Allahabad Varsity to become a central university Archived 2012-10-23 at the Wayback Machine दि टाइम्स ऑफ इंडिया, 11 मई 2005.
  9. "A History of the Church of England in India, by Eyre Chatterton (1924)". anglicanhistory.org. Retrieved 27 August 2015.
  10. Keene, H.G. (2000). A Hand-book for Visitors to Lucknow: With Preliminary Notes on Allahabad and Cawnpore. Asian Educational Services. p. 15. ISBN 9788120615274. Retrieved 27 August 2015.
  11. Institutions JNMF.
  12. इलाहाबाद में खुसरू बाग़, 1870 के दशक में ब्रिटिश लाइब्रेरी, (in अंग्रेजी)
  13. Spinney, Laura. "At Largest Religious Festival, Some Abandon Elderly". National Geographic. Retrieved 24 फरवरी 2013.
  14. "Allahabad, Best Tourist Attractions in allahabad, Uttar Pradesh". indianmirror.com. Retrieved 27 August 2015.
  15. 1 2 "University of Victoria - 404 Error: File Not Found - University of Victoria". library.uvic.ca. Retrieved 27 अगस्त 2015.
  16. Bhatt, S.C. (2005). Land and People of Indian States and Union Territories: In 36 Volumes. Uttar Pradesh. Vol. 28. Kalpaz publ. p. 453. ISBN 9788178353845. Retrieved 27 अगस्त 2015.
  17. "Minto Park - Minto Park Allahabad - Allahabad Minto Park - Madan Mohan Malaviya Park Allahabad India". bharatonline.com. Retrieved 27 अगस्त 2015.
  18. Dayaratnam, P.; Indian Institution of Bridge Engineers (2000). International Conference on Suspension, Cable Supported, and Cable Stayed Bridges: November 19-21, 1999, Hyderabad. Universities Press (India) Limited. p. 204. ISBN 9788173712715. Retrieved 27 August 2015.
  19. "India's 15 most amazing bridges - Rediff.com Business". rediff.com. Retrieved 27 August 2015.
  20. JBIC (7 मई 2008). "国名(通称名称:本行年次報告書準拠) | Construction of a Bridge over River Yamuna at Allahabad/Naini" (PDF). Retrieved 27 August 2015.
  21. "Allahabad Naini Bridge" (PDF). Archived from the original (PDF) on 8 January 2014. Retrieved 27 August 2015.
  22. "Nehru's birthplace in Allahabad is a sex workers paradise - Hindustan Times (New Delhi, India) | HighBeam Research". highbeam.com. Archived from the original on 2012-11-04. Retrieved 27 अगस्त 2015.