इलाहाबाद किला
Jump to navigation
Jump to search
इलाहाबाद के किला उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद शहर में बा। इलाहाबाद में गंगा आ जमुना नदिन संगम के नियरे स्थित इ किला के मुगल सम्राट अकबर 1583 ई. में बनवइले रहलन।[1] वर्तमान में इ किला के कुछे हिस्सा पर्यटकन खातिर खुला बा। बाकी हिस्सन के प्रयोग भारतीय सेना करेला। इ किला में तीन गो बड़हन गैलरी बाड़ें जहां पर ऊंच ऊँच मीनार कुल बाड़ें। सैलानियन के अशोक स्तंभ, सरस्वती कूप अउर जोधाबाई महल देखे के आज्ञा बा। एकरा अलावा अहिजा अक्षयवट के नाम से मशहूर बरगद के एगो पुरान पेड़ आ पातालपुर मंदिर भी बा।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "Alphabetical List of Monuments - Uttar Pradesh, Lucknow Circle, Uttar Pradesh". asi.nic.in/. पहुँचतिथी 24 मई 2015.
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया इलाहाबाद किला पर मौजूद बा। |